iPhone 16e: इंतजार भइल खतम, एपल लॉन्च कइलस सस्ता आईफोन, मिली पावरफुल प्रोसेसर

iPhone 16e: इंतजार भइल खतम, एपल लॉन्च कइलस सस्ता आईफोन, मिली पावरफुल प्रोसेसर

Share

एपल तमाम लीक्स रिपोर्ट पs विराम लगावत नया मॉडल iPhone 16e के लॉन्च कs देले बा, जबकि हर दिन iPhone se 4 के लेके लीक्स रिपोर्ट सामने आ रहल बा। iPhone 16e एपल के एगो एंट्री लेवल आईफोन हs जवन कि फिलहाल सबसे कम कीमत के नया मॉडल बा। iPhone 16e के संगे 6.1 इंच के OLED स्क्रीन दिहल गइल बा। एकरा अलावे एमे A18 बायोनिक चिपसेट बा जवन कि कंपनी के फ्लैगशिप चिपसेट बा। iPhone 16e के संगे एपल इंटेलिजेंस के सपोर्ट बा। iPhone 16e के संगे 48 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा दिहल गइल बा।

iPhone 16e के स्पेसिफिकेशन

iPhone 16e में ड्यूल SIM (नैनो+eSIM) सपोर्ट बा आ ई iOS 18 पs चलत बा। एमे 6.1-इंच के सुपर रेटिना XDR (1,170×2,532 पिक्सल) OLED स्क्रीन बा, जेमें 60Hz रिफ्रेश रेट आ 800निट्स के पीक ब्राइटनेस बा। डिस्प्ले में Apple के सिरेमिक शील्ड मैटेरियर के उपयोग कइल गइल बा।

Apple iPhone 16e में 3nm A18 चिप के इस्तेमाल कइल गइल बा, जवन पहिला बेर सितंबर 2024 में iPhone 16 के संगे देखे के मिलल रहे। एकरा संगे 512GB तक के स्टोरेज दिहल गइल बा। कैमरा के बात करीं तs iPhone 16e में रियर पैनल पs 48 मेगापिक्सल के कैमरा ऑप्टिकल इमेज स्टेबिलाइजेशन (OIS) के संगे बा आ हैंडसेट में सेल्फी आ वीडियो कॉल खातिर फ्रंट पs 12-मेगापिक्सल के ट्रूडेप्थ कैमरा बा। एमे फेस ID खातिर जरूरी सेंसरो सामिल बा।

iPhone 16e में स्टेरियो स्पीकर्स बा हैंडसेट 5G, 4G LTE, Wi-Fi 6, ब्लूटूथ 5.3, NFC, आ GPS कनेक्टिविटी प्रदान करत बा। ई चुनिंदा क्षेत्रन में Apple के इमरजेंसी SOS वाया सैटेलाइट फीचर के सपोर्टो करत बा। एमे एगो USB टाइप-C पोर्ट बा, जवन 18W वायर्ड चार्जिंग आ 7.5W वायरलेस चार्जिंग के सपोर्ट करत बा।

iPhone 16e के कीमत

iPhone 16e के भारत में सुरुआती कीमत 59,900 रुपिया बा। एह कीमत में बेस माने 128GB वाला मॉडल मिली। ओहिजा 256GB के कीमत 69,900 रुपिया आ 512GB के कीमत 89,900 रुपिया बा। iPhone 16e के प्री-बुकिंग 21 फरवरी से सुरू होई आ बिक्री 28 फरवरी से होई। iPhone 16e के ब्लैक आ व्हाइट कलर में किनल जा सकी।

Read Also: Share Market: घरेलू शेयर बाजार फेर लाल निशान पs खुलल; सेंसेक्स-निफ्टी में गिरावट, रुपिया संभरल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-