[the_ad_group id="30365"]

10000 रुपये तक सस्ता मिली लेटेस्ट Apple iPhone 16e, जानीं कब से सुरू होई सेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। Apple कुछ दिनन पहिलही आपन अफोर्डेबल मॉडल iPhone 16e के लॉन्च कइले बा। भारत में एकरा के 59,900 रुपिया के सुरुआती कीमत में पेश कइल गइल बा। आईफोन के एह मॉडल के प्री-ऑर्डर 21 फरवरी से सुरू होई आ सेल 28 फरवरी से सुरू होई। लेटेस्ट iPhone 16e के सेल सुरू होखे से पहिलही एपल के ऑफिशियल डिस्ट्रीब्यूटर एकर पहिला सेल ऑफर डिटेल के जानकारी शेयर कइले बा लो। एह ऑफर के संगे आईफोन 16ई के 10 हजार रुपिया तक सस्ता किनल जा सकत बा।

iPhone 16e मॉडल में मिली 10000 रुपिया के डिस्काउंट

Apple iPhone 16e स्मार्टफोन पs बैंक कैशबैक आ एक्सचेंज बोनस ऑफर कइल जाईज। ICICI Bank, Kotak Mahindra Bank आ SBI क्रेडिट कार्ड से पेमेंट कइला पs 4,000 रुपिया के कैशबैक मिल रहल बा। एह कैशबैक के बाद फोन के कीमत 55,900 रुपिया तक हो जात बा।

एकरा संगही पुरान फोन एक्सचेंज करे पs 6000 के डिस्काउंट मिली। एकरा बाद कीमत घटके 49900 रुपिया रह जाई। एक्सचेंज डिस्काउंट राउर पुरान फोन के कंडीशन आ मॉडल पs निर्भर करत बा।

iPhone 16e: सेल डिटेल्स

iPhone 16e स्मार्टफोन के सेल भारत में सब स्टोर पs 28 फरवरी से सुरू होई। ई मॉडल तीन वेरिएंट में बिक्री खातिर उपलब्ध रही।

  • 128GB स्टोरेज : 59,900 रुपये
  • 256GB स्टोरेज : 69,900 रुपये
  • 512GB स्टोरेज : 89,900 रुपये

iPhone 16e के स्पेसिफिकेशन्स

iPhone 16e स्मार्टफोन में 6.1 इंच के LED डिस्प्ले दिहल गइल बा। एकरा संगही Apple एमे Face ID सिस्टम दिहल गइल बा। एकरा संगही कंपनी म्यूट बटन के एक्शन बटन से रिप्लेस कइल गइल बा। एकरा संगही कंपनी एमे USB-C पोर्ट दिहल गइल बा। एह अफोर्डेबल आईफोन मॉडल में लेटेस्ट A18 चिप दिहल गइल बा।

ई Apple Intelligence फीचर्स जइसे – Genmoji, Writing Tools आ ChatGPT इंटीग्रेशन सपोर्ट करत बा। Apple कंफर्म कइलस कि एमे Visual Intelligence के सपोर्ट मिली। एपल एकर रैम डिटेल्स शेयर नइखे कइले। बाकिर, बेंचमार्क टेस्ट से हिंट मिलत बा कि एमे 8जीबी के रैम हो सकत बा।

कैमरा के बात करीं तs iPhone 16e में 48MP फ्यूजन रियर कैमरा दिहल गइल बा, जवन 2x डिजिटल जूम, पोर्टेट मोड, नाइट मोड आ HDR सपोर्ट दिहल गइल बा। एकरा संगही फ्रंट में 12MP TrueDepth कैमरा दिहल गइल बा, जवन ऑटोफोकस सपोर्ट करत बा। ई मॉडल 4K वीडियो रिकॉर्डिंगो सपोर्ट करत बा।

Read Also: ‘Babar Azam फ्रॉड है’, भारत के हाथन करारी शिकस्‍त के बाद आलोचनन से घिरल पाकिस्‍तान के सुपर स्‍टार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]