[the_ad_group id="30365"]

Share Market: घरेलू शेयर बाजार फेर लाल निशान पs खुलल; सेंसेक्स-निफ्टी में गिरावट, रुपिया संभरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

घरेलू शेयर बाजार एक बेर फेर लाल निशान पs खुलल। लगातार गिरावट के बीच सेंसेक्स आ निफ्टी के लुढ़कल जारी बा। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 393.01 अंक गिरके 75,546.17 अंक पs आ गइल, जबकि निफ्टी 118.95 अंक गिरके 22,813.95 अंक पs पहुंचल। अइसही सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया 12 पईसा बढ़के 86.86 डॉलर पs पहुंच गइल।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

वेदांता विभाजन के शेयरधारकन, ऋणदाता के मंजूरी मिलल

वेदांता लिमिटेड के कंपनी के पांच स्वतंत्र, क्षेत्र-विशिष्ट कंपनियन में विभाजित करे के प्रस्ताव के शेयरधारकन आ ऋणदातन के मंजूरी मिल गइल बा। कंपनी शेयर बाजार के दिहल सूचना में बतावल गइल कि वेदांता लिमिटेड के 99.99 फीसदी शेयरधारकन, 99.59 प्रतिशत सिक्योरड ऋणदातन आ 99.95 प्रतिशत अनसिक्योरड ऋणदाता विभाजन के पक्ष में मतदान कइल लो।

Read Also: BAN vs IND : जीत से सुरुआत करे के चाही भारतीय टीम, जानीं लाइव स्ट्रीमिंग से जुड़ल जानकारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]