[the_ad_group id="30365"]

Realme 14x लॉन्च: IP69 रेटिंग वाला सबसे सस्ता फोन, मिली 6000mAh बैटरी आ 45W चार्जिंग

Realme 14x लॉन्च
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Realme 14x 5G स्मार्टफोन भारत में लॉन्च हो गइल बा। ई भारत के पहिला IP69 रेटिंग स्मार्टफोन हs, जवन 15 हजार रुपिया से कम कीमत में आवेला। एमे मिलिट्री ग्रेड शॉक रेजिस्टेंस के संगे 6000mAh बैटरी आ 45W SuperVOOC चार्जिंग दिहल जाला। फोन तीन कलर ऑप्शन क्रिस्टल ब्लैक, ग्लोडन ग्लो आ जेवल रेड में आवेला।

Realme 14x के सब मॉडलन के कीमत

फोन दुगो स्टोरेज वेरिएंट में आवेला। एकर 6GB रैम आ 128GB स्टोरेज वेरिएंट के कीमत 14,999 रुपिया बा, जबकि 8GB रैम आ 128GB स्टोरेज वेरिएंट के कीमत 15,999 रुपिया बा।

कहां से किनल जावs Realme 14x

फोन के रियलमी डॉट कॉम आ फ्लिपकार्ट के संगे मेनलाइन चैनल स्टोर से किनल जा सकी। फोन के पहिला सेल 18 दिसंबर के दुपहरिया 12 बजे सुरू होई, जवन 22 दिसंबर तक जारी रही। एह दौरान 1000 रुपिया बैंक ऑफर के लुत्फ उठावल जा सकत बा।

फोन में मिली कइयन सानदार फीचर्स

फोन में कइयन गो इनोवेटिव फीचर्स जइसन सोनिकवेव वाटर इंजेक्ट आ रेनवाटर स्मार्ट टच दिहल गइल बा। कंपनी के दावा बा कि फोन हाई प्रेशर वाटर जेट से खराब ना होई। संगही जदि फोन के 30 मिनट तक 1.5 मीटर पानी में रखल जात बा, तs ओह हालात में फोन सुरक्षित रही।

Realme 14x डिस्प्ले डिटेल

फोन में 6.6 इंच के फुल एचडी प्लस IPS LCD पैलन दिहल गइल बा। फोन 120Hz रिफ्रेश रेट सपोर्ट के संगे आवेला। जदि सॉफ्टवेयर के बात करी, तs फोन में 10 जीबी वर्चुअल रैम सपोर्ट मिली। संगही फोन एंड्रॉइड 15 बेस्ड Realme UI 5.0 पs काम करी।

Realme 14x कैमरा सेंस डिटेल

जदि कैमरा के बात करी, तs फोन में 50MP प्राइमरी कैमरा सेंसर दिहल जाई। संगही 8MP फ्रंट कैमरा सेंसर दिहल जाई। एमे साइड फिंगरप्रिंट सेंसर के सपोर्ट दिहल गइल बा। फोन में 6000mAh के बड़ बैटरी दिहल गइल बा। फोन के संगे 45W SUPERVOOC फास्ट चार्जिंग टेक्नोलॉजी दिहल जाला। फोन 38 मिनट में 50 फीसद तक फुल चार्ज हो जाई। फोन में पावरफुल परफॉर्मेंस खातिर क्टाकोर Mediatek Dimensity 6300 चिपसेट दिहल गइल बा।

Read Also: Super App: रेलवे ले आ रहल बा सुपर एप, एकही एप से होई टिकट बुकिंग से लेके शॉपिंग तक के काम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]