[the_ad_group id="30365"]

मंदिर ध्वस्त हो रहल बा… चुन – चुन के निशाना बनावल जा रहल बा… हिन्दू के एकजुट होखे के पड़ी… बांग्लादेश संकट पर सीएम योगी आदित्यनाथ कहले

Yogi
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बांग्लादेश हिंसा पs कहले कि रउवा लोग के अभी दुनिया के तस्वीर देखाई देता होई। आज भारत के कई गो पड़ोसी देशन में मंदिर गिरावल जा रहल बा। हिन्दू लोग के चुन – चुन के निशाना बनावल जा रहल बा। आ भले हमनी के इतिहास के घटना से सीख लेबे के कोशिश ना करत होखीं सs ।

अपना दु दिन के अयोध्या यात्रा के आखिरी दिने मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बिना नाम लिहले बांग्लादेश में तख्तापलट आ हिन्दू के खिलाफ होखत हिंसा के बारे में चेतावनी देले। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि इतिहास के गलती से जे सीख ना लेवे ओकर उज्जवल भविष्य भी ग्रहण लागेला। ऊ कहले कि बच्चा के धर्म के रक्षा खातीर हिन्दू के एकजुट होखे के होई।

अयोध्या राम मंदिर आंदोलन के अग्रदूत महंत परमहंस दास के प्रतिमा के अनावरण के मौका पs दिहल गइल संबोधन में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि अयोध्या में रामलाला मंदिर के निर्माण के रास्ता साफ हो गइल बा। इहे हम आज कहे के चाहत बानी, रउआ सभे के वर्तमान में दुनिया के तस्वीर देखाई देत होई। आज भारत के कई गो पड़ोसी देशन में मंदिर गिरावल जा रहल बा। हिन्दू लोग के चुनिंदा निशाना बनावल जा रहल बा। आ भले हमनी के इतिहास के घटना से सीख लेवे के कोशिश ना करत होखीं सs । सरकार के दुर्भाग्यपूर्ण स्थिति उहाँ काहे पैदा भइल बा? याद राखीं कि इतिहास के गलती से सबक ना लेबे वाला समाज के उज्जवल भविष्य भी ग्रहण लाग जाला।

 

सनातन धर्म खातिर एकजुट होखे के जरूरत

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ इहाँ ना रुकले, ऊ आगे कहले कि, ‘सनातन धर्म पs आवे वाला संकट खातीर फेर से मिलजुल के काम करे के जरूरत बा।’ एकरा खातिर एकजुटता से लड़े के जरूरत बा। राम मंदिर के निर्माण खाली एगो गंतव्य ना हs। एगो मील के पत्थर बा आ एह मील के पत्थर के अउरी आगे बढ़ावे के पड़ी, काहे कि सनातन धर्म के ताकत एह सब अभियान के एगो नया गति देवेला।”

 

मिल्कीपुर सीट पर होखे वाला उपचुनाव

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के ई बयान ओह घरी आइल बा जब ऊ लोकसभा चुनाव में अयोध्या सीट से हार गइल बाड़न आ आवे वाला दिन में अयोध्या के मिल्कीपुर सीट पर विधानसभा उपचुनाव होखे वाला बा। एक बेर फेरु उपचुनाव से पहिले हिन्दू कार्ड खेल के मुख्यमंत्री साफ संकेत दे दिहले बाड़न कि अबकी बेर कवनो गलती करे के मूड में नइखन।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]