[the_ad_group id="30365"]

विनेश फोगाट के पेरिस ओलंपिक से डिसक्वालीफाई होले के मामिला पs लोकसभा में भारी हंगामा, खेल मंत्री देई बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

पेरिस ओलंपिक 2024 में विनेश फोगाट के कुश्ती के आखिरी मैच से अयोग्य करावे के चलते आजु लोकसभा में बहुते बवाल मच गइल. विपक्षी सांसद एs मामला में खेल मंत्री से जवाब मांगत रहले। हंगामा तबे कम भइल जब विपक्ष के भरोसा दिहल गइल कि खेल मंत्री मनसुख मंत्री मनसुख मंडाविया दुपहरिया तीन बजे एह मामिला पर आपन जवाब दीहें.

फाइनल मैच आजु देर रात खेले वाला रहली

विनेश फोगाट 50 किलो फ्रीस्टाइल कुश्ती के फाइनल में चहुँप गइल रहले बाकिर अधिका वजन के चलते उनुका के फाइनल मैच से अयोग्य करार दिहल गइल बा. एकरा से देश के खेल प्रेमी के गहरा झटका लागल बा। पूरा देश के उम्मीद रहे कि विनेश के स्वर्ण पदक जीते के मौका मिली। विनेश के आजु रात 12:45 बजे आपन आखिरी मैच खेले के पड़ल बाकिर अब उनुका के अयोग्य करार दिहल गइल बा. उनुका रजत पदक तक ना मिली.

पीएम मोदी कइले ट्वीट

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी विनेश फोगाट के प्रोत्साहित करत कहले कि हम जानतानी कि चुनौती के सामना निर्भीकता से कईल हमेशा से आपके स्वभाव रहल बा। मजबूती से वापस आ जाइए! हमनी के सब केहू रउरा साथे बानी जा।

दूसर ओर इंडियन ओलंपिक एसोसिएशन भी विनेश से जुड़ल जानकारी साझा कईले बा।  भारतीय ओलंपिक संघ के कहल बा कि विनेश फोगाट के भारतीय महिला कुश्ती 50 किलो वर्ग से अयोग्य करार दिहल गइल बा. रात भर टीम के पूरा कोशिश के बावजूद आज सबेरे उनुकर वजन 50 किलो से कुछ ग्राम जादा रहे। फिलहाल टीम के ओर से अवुरी कवनो टिप्पणी ना होई। भारतीय टीम रउरा से निहोरा करत बिया कि विनेश के निजता के सम्मान करीं. उहाँ के वर्तमान प्रतियोगिता पs ध्यान दिहल चाहत बानी।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]