[the_ad_group id="30365"]

तीसरको हफ्ता में नइखे थमत ‘गदर 2’ के आंहि, 21वां दिने तुड़लस ‘पठान’ के बॉक्स ऑफिस रिकॉर्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रशंसक बेसब्री से सनी देओल के ‘गदर 2’ के इंतजार करत रहले। ई फिलिम रिलीज होखते लोकप्रिय हो गइल। फिल्म देखे खातिर भारी संख्या में लोग आईल रहे। तारा सिंह आ सकीना के आगे के कहानी ‘गदर 2’ में देखावल जा रहल बा जवन जनता के दिल जीते में सफल बा। फिल्म के रिलीज के तीसरा हफ्ता में भी लोग के धमाकेदार रिस्पांस मिल रहल बा। ‘गदर 2’ के कमाई भी छप्परफाड़ हो रहल बा। ई फिलिम बॉक्स ऑफिस पs सुपर हिट हो गइल आ एगो नया इतिहास रच दिहलस। तीसरा हफ्ता के वीकेंड पs एह फिलिम के बहुते कमाई भइल आ एही के साथे ई 21वां दिने सबले बेसी कमाई करे वाली फिलिम बन गइल बिया। सनी देओल के ई फिलिम शाहरुख खान के फिलिम ‘पठान’ के रिकार्ड भी तूड़ दिहले बिया।

‘गदर 2’ ‘पठान’ के हरा दिहलस

सनी देओल के फिल्म ‘गदर 2’ आवे वाली फिलिमन खातिर एगो नया बेंचमार्क तय कइले बा। ‘गदर 2’ एगो अइसन रिकार्ड बनवले बा जवन पहिले केहू ना कs पवलस। एह फिलिम के रिलीज के तीसरा हफ्ता के वीकेंड यानी 21वां दिन 7.50 करोड़ रुपया के कमाई भइल बा। एह नया रिकार्ड में सनी देओल शाहरुख खान के ‘पठान’ के भी हरा दिहले बा। शाहरुख खान के फिलिम 21वां दिन महज 6.95 करोड़ रुपिया के कारोबार कइलस। ई जानकारी फिल्म बॉक्स ऑफिस के आँकड़ा देबे वाली वेबसाइट Sacnik साझा कइले बिया।

‘गदर 2’ के हर हफ्ता के कमाई

पहला हफ्ता- 284.63 करोड़ रुपिया

दूसरा हफ्ता- 134.47 करोड़ रुपिया

तीसरा हफ्ता- 63.75 करोड़ रुपिया

कुल कमाई- 481.85 करोड़ रुपिया

ओएमजी 2 से भी बहुत पईसा कमाईल

‘गदर 2’ के संगे रिलीज भईल ओएमजी 2 के भी कमाई बढ़िया भईल बा। एह फिलिम के तीन हफ्ता में कुल 141.8 करोड़ रुपिया के कमाई भइल बा। एह फिलिम के 21वां दिने 1.6 करोड़ रुपिया के कमाई भइल। तिसरका हफ्ता में एह फिलिम के कलेक्शन 15.38 करोड़ रुपिया रहल बा। जबकि पहिला हफ्ता में एह फिलिम के कुल 85.05 करोड़ रुपिया आ दुसरका हफ्ता में 41.37 करोड़ रुपिया के कमाई भइल रहे।

‘गदर 2’ 500 करोड़ रुपिया के कल्ब में शामिल हो जाई!

सनी देओल के फिल्म ‘गदर 2’ बॉक्स ऑफिस पs शानदार तरीका से हावी हो गइल बिया। ई फिलिम तीसरा हफ्ता ले लोग के पसंदीदा बनल बा। फिल्म के रिलीज भइला के 21 दिन हो गइल बा। कई दिन पहिले ई फिलिम 400 करोड़ के निशान पार कs चुकल रहे आ फिलिम करीब 500 करोड़ रुपिया चहुँप गइल बिया। अइसना में प्रशंसक एह फिलिम के 500 करोड़ रुपिया पूरा होखे के इंतजार करत बाड़े। फिल्म के निर्माता भी एह भारी कमाई से बहुत खुश बाड़े।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]