[the_ad_group id="30365"]

टीवी पs कबो निभइले रहली बहिन के साथे अटूट रिश्ता, आजु बाड़ी अनुपमा सीरियल के पॉपुलर एक्ट्रेस.. 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

टीवी इंडस्ट्री में बहुते कलाकार बाड़े जे असल जिनिगी में बहुते अलग लउकेलें, ओहमें से एगो हई ई अभिनेत्री, जे टीवी पs अनुपमा के बेटी पाखी के किरदार निभावत बाड़ी बाकिर का रउरा मालूम बा कि असल जिनिगी में ऊ कइसन लउकत बाड़ी? आईं उहाँ के अइसन बचपन के तस्वीर देखाईं जा, जवना में अनुपमा के एह बेटी के देख के रऊवा भी स्तब्ध हो जाईब आ विश्वास करीं, रउरो भी अंदाजा ना लगा पइब कि उ उहे अभिनेत्री हई कि ना। एह तस्वीर के ध्यान से देखीं, का रउवा एह प्यारी छोट बच्ची के पहचान पावत बानी जवन सफेद घागरा चोली आ माथा पs दुपट्टा पहिनले बा?

अब बस मुस्कान के ई तस्वीर देखीं, का रउरा एह दुनु तस्वीर के तुलना करके अंदाजा लगा पवले बानी कि ई मुस्कान हइ एह तस्वीर में मुस्कान गुलाबी रंग के साड़ी पहिन के बहुत सुंदर लागत बाड़ी।

बता दीं कि मुस्कान मशहूर टेलीविजन शो अनुपमा में अनुपमा के बेटी पाखी के किरदार निभावत बाड़ी। एतने ना, मुस्कान के जल्दिए एगो वेब सीरीज में भी देखल जाई। मुस्कान के वर्क फ्रंट के बात करत उ 9 साल के कम उमिर से अभिनय शुरू कईली।

एकरा बाद साल 2017 में एकता कपूर के टीवी शो गुमराह में मुस्कान के देखल गइल। एकरा अलावे मुस्कन कई गो टीवी शो जइसे कि हॉन्टेड नाइट्स, एक ही हीरोइन आ सुपर सिस्टर में भी नजर आइल बाड़ी।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]