[the_ad_group id="30365"]

बेखौफ होके भारी-भरकम प्लास्टिक के बोरी लेके जात रहे शख्स, पुलिस खोल के देखलस तऽ सब कोई रह गइल दंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संदिग्ध व्यक्तिय आ मादक पदार्थ के विरुद्ध चलावल जा रहल चेकिंग अभियान के तहत एतवार के पुलिस चेकिंग के दौरान क्षेत्र के भभुआर गांव के लगे से एगो व्यक्ति के 20 किलो 100 ग्राम गांजा के साथे गिरफ्तार कइल गइल । पकड़ाइल व्यक्ति के खिलाफ विधिक कार्रवाई कइल गइल। जानकारी के मोताबिक गांजा के तस्करी बिहार खातिर होत रहे।

चेकिंग अभियान में थानाध्यक्ष अनिल कुमार पांडेय पुलिसकर्मियन के साथे क्षेत्र के भभुआर गांव के पुलिया के लगे संदिग्ध व्यक्तियन आ वाहनन के चेकिंग करत रहले । चेकिंग के दौरान बनारसी राजभर निवासी भगंदा थाना चैनपुर जिला भभुआ बिहार के एगो प्लास्टिक बोरी में 20 किलो 100 ग्राम गांजा के साथे पकड़ल गइल।

महिला लो के स्वावलंबी बनावे पऽ विमर्श

नियामताबाद: जागृति महिला संघ के ओर से परोरवा में रविवार के जागरूकता शिविर के आयोजन कइल गइल। एमें महिला लो के उनका अधिकार आ स्वावलंबी बनावे पs चर्चा कइल गइल। वक्ता लो कहल कि आज के दौर में जवना तरे महिला लो के दबावल जा रहल बा, उऽ ठीक नइखे। महिला लो के आपन अधिकार पावे खातिर सब जंजीरन के तुड़ के आगे आवे के जरूरत बा तबे उऽ वो मुकाम के पहुंच सकिहें जवना के बारे में उऽ सोचत बाड़ी।

कहल गइल  कि विभिन्न संगठनन के ओर से सशक्तिकरण पs चर्चा कइल जाला, बाकिर अबहीयो महिलाएं पूर्ण रूप से आत्मनिर्भर नइखी बन सकल। एह अवसर पs ज्योति अग्रहरि, नीलम, कविता, आरती, अंजली, गीता कुमारी, निधि त्रिपाठी, अर्चना, आकांक्षा आदि उपस्थित रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]