Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

TKSS: कपिल शर्मा शो के कॉमेडियन सोशल मीडिया पs लाइव आके के आत्महत्या के कोसिस कइलस, एह महिला पs लगवलें आरोप

778

 

टीवी के मशहूर द कपिल शर्मा शो लोगन के हंसावे खातिर जानल जाला। बाकिर हाले में खबर आ रहल बा कि एह शो के एगो कॉमेडियन जहरीला पदार्थ खाके आत्महत्या के कोसिस कइले बा। आत्महत्या के कोसिस करे वाला जूनियर आर्टिस्ट के नाम तीर्थानंद राव बा। तीर्थानंद राव के द कपिल शर्मा शो में जूनियर नाना पाटेकर के नाम से जानल जाला। तीर्थानंद पहिले सोशल मीडिया पs लाइव अइलें आ एकरा बाद आत्महत्या के कोसिस कइलें बाड़े। हालांकि मवका पs पहुंचल पुलिस आर्टिस्ट के तुरंत अस्पताल पहुंचवलस।

द कपिल शर्मा शो में नजर आ चुकल जूनियर आर्टिस्ट तीर्थानंद राव फेसबुक लाइव के दौरान फिनायल पीये के कोसिस कइलें। तीर्थानंद सोशल मीडिया पs लाइव आवे के दौरान कहलें कि उनकर अइसन हालत खातिर एगो महिला जिम्मेदार बाड़ी। जदि उनका संगे कुछ गलत होत बा तs उनका न्याय मिले के चाहीं। बता दीं कि ओह महिला के दु गो बेटी  बाड़ी सs आ तीर्थानंद उनका संगे रिलेशनशिप में बाड़ें।

नाना पाटेकर, तीर्थानंद – फोटो : सोशल मीडिया

 

तीर्थानंद बतवलें कि कुछ महीनन पहिले उनकर मुलाकात एगो महिला से भइल, उनकर दु गो बेटी बाड़ी सs। हम लिव-इन में रह रह रहल बानी, बाकिर साथ रहला के दौरान हमरा बाद में पता चलल कि ऊ महिला प्रोस्टीट्यूशन के काम करेली। हम ओह महिला से पीछा छुड़ावल चाहत रहनी, बाकिर ऊ हमरा पs केस कs देलें, हमरा के डरवलें-धमकवलें। एह वजह से हम पिछला लमहर समय से अपना घरे नइखी जा सकल। हम फुटपाथ पs सुते खातिर मजबूर रहनी आ परेसान हो चुकल बा, इहे वजह बा कि हम अइसन डेग उठावे जा रहल बानी।

द कपिल शर्मा शो – फोटो : सोशल मीडिया

 

तीर्थानंद के एह वीडियो के जानकारी मिलला के तुरंत बाद शांति नगर पुलिस चौकी से पुलिस के टीम उनका घरे पहुंचल, जहां कॉमेडियन बेहोशी के हालत में नजर अइलें। उनका के तुरंत नजदीकी अस्पताल एडमिट कइल गइल। तीर्थानंद के कहनाम बा कि ओह महिला के कारण उनका पs 3-4 लाख रुपिया के कर्ज बा।

बता दीं कि अइसन पहिला बेर नइखे जब तीर्थानंद आत्महत्या के कोसिस कइले बाड़ें। एकरा पहिलहू ऊ एकबेर अइसन डेग उठा चुकल बाड़ें। एकरा पहिले 27 दिसंबर 2021 के ऊ जहर खाके आत्महत्या करे के कोसिस कइले रहस। आर्थिक तंगी के वजह से तीर्थानंद तब सुसाइड करे के फैसला लेले रहस बाकिर पड़ोसियन के सतर्कता के वजह से उनकर जान बच गइल रहे।

565740cookie-checkTKSS: कपिल शर्मा शो के कॉमेडियन सोशल मीडिया पs लाइव आके के आत्महत्या के कोसिस कइलस, एह महिला पs लगवलें आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.