[the_ad_group id="30365"]

ज्ञानवापी में कथित शिवलिंग के मामिला में सुनवाई टलल, अगिला तारीख 13 अक्तूबर के मिलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ज्ञानवापी परिसर में मुस्लिम के प्रवेश के रोके संबंधी वाद पर सिविल जज फास्ट ट्रैक कोर्ट में आजु सुनवाई टल गइल बा। सुनवाई के अगिला तारीख 13 अक्तूबर के मिलल बा।  मामिला में किरन सिंह के ओर से दाखिल वाद पर मंगर के सुनवाई भइल रहे। मुस्लिम पक्ष एह आवेदन के विरोध में आपन पक्ष रखना शुरू कइलस, जेके जारी रखत अदालत  सुनवाई के तिथि बुध नियत क देहले रहे। लेकिन आजु सुनवाई नाइ हो पवलस।

अंजुमन इंतेजामिया अपने दलील में का कहलें? 

अंजुमन इंतेजामिया अपने दलील में कहलें कि वाद में मस्जिद हटावे, मुस्लिमन का प्रवेश रोकले के बात अउर जमीन देहले के बात कहल गइल बा, जबकि 1669 में ही मस्जिद बनले के बात हिंदू पक्ष ही कहत रहे, जौन लगभग 350 वर्ष पुरान बा। अइसन में आजादी के समय जौन स्थिति रहल, ओइसने रही। इहां विशेष धर्म स्थल कानून लागू होई अउर कंस्ट्रक्शन हटवले के मांग संबंधी वाद खारिज होखले के जोग बा अउर वाद पोषणीय नइखे। अदालत में वादी पक्ष के तरफ से वाद में उठावल गइल शुरुआती 55 पैरा के अंजुमन के तरफ से क्रमवार दलील पेश कइल गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]