[the_ad_group id="30365"]

50MP कैमरा वाले एह सस्ता 5G फोन के पहिला सेल आजु, 33 फीसदी डिस्काउंट के संगे मिल रहल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्मार्टफोन ब्रांड Infinix अपने सस्ते 5G फोन Infinix Hot 20 5G के हाले में में भारत में लॉन्च कइले बा। आजु यानी 9 दिसंबर के एह फोन के पहिला सेल शुरू हो गइल बा। एह फोन के कीमत 17,999 रुपया बा, लेकिन ऑफर्स के तहत फोन के फ्लिपकार्ट पर 33 फीसदी डिस्काउंट के संगे 11,999 रुपया में लिस्ट कइल गइल बा। खाली एतनही नाइ, फोन के संगे बैंक ऑफर्स अउर कैशबैक के लाभो मिली। Infinix Hot 20 5G में मीडियाटेक डाइमेंसिटी 810 प्रोसेसर अउर 120 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट वाला डिस्प्ले के सपोर्ट बा। उहवें फोन में 50 मेगापिक्सल प्राइमरी कैमरा के सपोर्ट मिलsता।

फ्लिपकार्ट पर एतना मिल रहल बा डिस्काउंट

इंफिनिक्स हॉट 20 5जी फोन के संगे पहिला सेल में 33 फीसदी के डिस्काउंट मिल रहल बा। फोन के 4 जीबी रैम के संगे 64 जीबी स्टोरेज वेरियंट के डिस्काउंट के बाद 11,999 रुपया में लिस्ट कइल गइल बा। खाली, एतनही नाइ, फोन के खरीद पर ग्राहकन के फेडरल बैंक डेबिट कार्ड पर 10 फीसदी के इंस्टैंट डिस्काउंट अउर फ्लिपकार्ट एक्सिस बैंक से पेमेंट कइले पर 5 फीसदी के अतिरिक्त डिस्काउंटो मिली।

फोन के खरीद पर ग्राहकन के आसान मासिक ईएलआई के ऑप्शनो मिल रहल बा। सथही फोन के एक्सचेंज ऑफर के संगे खरीदले पs 11,050 रुपया अउर बचावल जा सकsता। हालांकि एक्सचेंज ऑफर के पूरा लाभ पुरान फोन के कंडीशन अउर ब्रांड पs निर्भर करsता

Infinix Hot 20 5G के स्पेसिफिकेशन

इंफिनिक्स हॉट 20 5जी रेसिंग ब्लैक, ब्लास्टर ग्रीन, अउर स्पेस ब्लू कलर ऑप्शन में आवsता। फोन में 6.6 इंच के फुल एचडी प्लस आईपीएस एलसीडी डिस्प्ले के सपोर्ट बा, जौन 120 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट अउर 180 हर्ट्ज टच सैंपलिंग रेट के संगे आवsता। फोन में एंड्रॉयड 12 आधारित XOS 10.6 के सपोर्ट बा।

फोन के संगे मीडियाटेक डाइमेंसिटी 810 प्रोसेसर के पावर अउर 4 जीबी LPDDR4x रैम के संगे 128 जीबी के सपोर्ट बा। रैम के वर्चुअली 7 जीबी ले बढ़ावल जा सकsता। फोन में 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा अउर 2 मेगापिक्सल के सेकेंडरी कैमरा सेंसर मिलsता। फोन में 8 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा सेंसर बा। इंफिनिक्स हॉट 20 5जी में 5000mAh के बैटरी अउर 18 वाट के फास्ट चार्जिंग सपोर्ट बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]