Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

iQOO 11 सीरीज: क्वालकॉम के सबसे फास्ट प्रोसेसर अउर 200W फास्ट चार्जिंग के संगे लॉन्च, जानीं कीमत अउर फीचर्स

2,329

स्मार्टफोन ब्रांड iQOO आपन सबसे फास्ट अउर फ्लैगशिप फोन सीरीज iQOO 11 के लॉन्च कs दिहले बा। हालांकि, एह फोन सीरीज के फिलहाल घरेलू मार्केट में ही पेश कइल गइल बा। आईकू 11 सीरीज के तहत iQOO 11 अउर iQOO 11 pro के लॉन्च कइल गइल बा। आईकू 11 अउर आईकू 11 प्रो दूनों स्मार्टफोन के 144 हर्ट्ज डिस्प्ले अउर क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 8 जेन 2 प्रोसेसर से लैस कइल गइल बा। आईकू 11 प्रो के संगे 16 जीबी ले रैम अउर 512 जीबी ले के स्टोरेज मिलsला। फोन में 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा अउर 16 मेगापिक्सल के सेल्फी कैमरा मिलsता। दूनों फोन के संगे एंड्रॉयड 13 आधारित Origin OS Forest मिलsता। आईकू 11 सीरीज के भारत में 2023 के शुरुआत में लॉन्च कइल जा सकsता।

iQOO 11 अउर iQOO 11 pro के कीमत

आईकू 11 अउर आईकू 11 प्रो के अल्फा, ग्रीन अउर लीजेंड एडिशन कलर में पेश कइल गइल बा। आईकू 11 के 8 जीबी + 128 जीबी वेरिएंट के कीमत 3799 चीनी युआन (लगभग 44,900 रुपया) अउर 16 जीबी रैम के संगे 256 जीबी स्टोरेज वेरियंट के कीमत 4699 चीनी युआन (करीब 55,500 रुपया) अउर टॉप वेरियंट 16 जीबी रैम के साथ 512 जीबी स्टोरेज वेरियंट के कीमत 4999 चीनी युआन (करीब 59,100 रुपया) रखल गइल बा।

उहवें आईकू 11 प्रो के 8 जीबी + 256 जीबी वेरिएंट के कीमत 4999 चीनी युआन (करीब 59,100 रुपये) अउर 12 जीबी रैम के संगे 256 जीबी स्टोरेज वेरियंट के कीमत 5499 चीनी युआन (करीब 65,000 रुपया) अउर टॉप वेरियंट 16 जीबी रैम के संगे 512 जीबी स्टोरेज वेरियंट के कीमत 5999 चीनी युआन (करीब 70,900 रुपया) रखल गइल बा।

iQOO 11 pro के स्पेसिफिकेशन अउर कैमरा

आईकू 11 प्रो के संगे 6.78 इंच के E6 एमोलेड कर्व्ड डिस्प्ले मिलsता, जेमें रिफ्रेश रेट 144 हर्ट्ज अउर रिजॉल्यूशन 2K बा। फोन के साथ क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 8 जेन 2 प्रोसेसर अउर 16 जीबी रैम के साथ 512 जीबी तक के स्टोरेज सपोर्ट मिलsता। आईकू 11 प्रो में 50 मेगापिक्सल सोनी IMX866 प्राइमरी कैमरा सेंसर मिलsता। एकरे अलावा फोन में 50 मेगापिक्सल अल्ट्रा-वाइड सेकेंडरी सेंसर अउर तीसरा 13 मेगापिक्सल पोर्ट्रेट-टेलिफोटो सेंसर के सपोर्ट मिलsता।

फोन में फ्रंट कैमरा 16 मेगापिक्सल के मिलsता। कैमरा के संगे वीवो के नया V2 कस्टम Image Signal Processor (ISP) के सपोर्ट मिलsता। आईकू 11 प्रो में 4700mAh के बैटरी अउर 200W फास्ट चार्जिंग, 50W वायरलेस चार्जिंग अउर 10W रिवर्स वायरलेस चार्जिंग का सपोर्ट मिलsता।

iQOO 11 के स्पेसिफिकेशन अउर कैमरा

आईकू 11 के साथे 6.78 इंच के E6 एमोलेड कर्व्ड डिस्प्ले मिलsता जेमें रिफ्रेश रेट 144 हर्ट्ज अउर रिजॉल्यूशन 2K बा। आईकू 11 के भी क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 8 जेन 2 प्रोसेसर अउर 16 जीबी रैम के संगे 512 जीबी तक के स्टोरेज से लैस कइल गइल बा।

एह फोन में 50 मेगापिक्सल प्राइमरी कैमरा मिलsता। फोन के साथ 8 मेगापिक्सल अल्ट्रावाइड अउर 13 मेगापिक्सल टेली-फोटो लेंस मिलsता। टेलीफोटो लेंस के साथ 2x ऑप्टिकल जूम मिलsता। फोन में 5000mAh के बैटरी अउर 120W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट मिलsता।

406070cookie-checkiQOO 11 सीरीज: क्वालकॉम के सबसे फास्ट प्रोसेसर अउर 200W फास्ट चार्जिंग के संगे लॉन्च, जानीं कीमत अउर फीचर्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.