[the_ad_group id="30365"]

सड़क पs बुजुर्ग के लाश लेके रो रोवत रहे परिवार, बिहार जाए के नाहीं रहे पइसा, चौकी इंचार्ज गाड़ी बुक क के भेजवइलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर पुलिस के सोझा एगो इंसान के चेहरा आ गईल बा। जवना के गुरुवार के पूरा शहर में तारीफ भईल। बिहार के सिवान से इलाज खातीर गोरखपुर एम्स आईल एगो बुजुर्ग के इहाँ मउत हो गईल। ए घटना के बाद परिवार के लोग के सोझा दुगो बड़ समस्या पैदा हो गईल। पहिला बात कि बुजुर्ग के मउत दुखद रहे अवुरी दूसरा बात कि परिवार के लोग के लगे इहाँ से ओकर लाश के बिहार ले जाए खातीर पईसा तक ना रहे।

बुजुर्ग के लाश के संगे बईठल परिवार के लोग कैंट रेलवे स्टेशन के नजदीक रोवत रहले। एही बीच केहु पुलिस के ए बारे में जानकारी देलस। जइसहीं जानकारी मिलल वायुसेना के चौकी प्रभारी आरीफ अली शेर अपना साथियन के साथे ओहिजा चहुँप गइलन। परिवार के पीड़ा उनका ना देखल गईल।

तुरंत चौकी प्रभारी खुद गाड़ी के इंतजाम कईले। संगही उ अपना जेब से परिवार के तीन हजार रुपया देले। एकरा बाद परिवार के लोग लाश के संगे बिहार गईले। दूसर ओर पुलिस के इ चेहरा देख के शोककुल परिवार के चेहरा पs खुशी देखाई देलस। उ पुलिस के धन्यवाद देत थकत ना रहले।

रिश्तेदार बुजुर्ग के दवाई खातीर एम्स ले आईल रहले असल में बिहार के सिवान निवासी कन्हैया दुबे (65 साल) बहुत दिन से बेमार रहले। उनुकर इलाज बहुत दिन से गोरखपुर एम्स में चलत रहे। गुरुवार के परिवार के लोग उनुका संगे एम्स आईल रहले। एही बीच कैंट रेलवे स्टेशन के नजदीक अचानक उनुकर हालत खराब हो गईल। अब परिवार के लोग समझ सकत रहे कि ओकरा से पहिले उनुकर मउत हो गईल रहे। हड़बड़ी में परिवार के लोग डॉक्टर के लगे ले गईले। लेकिन, डॉक्टर उनुका के मरल घोषित क देले।

परिवार सड़क पs लाश खातीर रोवत रहे

एकरा बाद परिवार के लगे गाड़ी बुक क लाश के बिहार ले जाए के पईसा ना रहे। लाश लेके सड़क पs एगो महिला अवुरी बाकी लोग रोवत रहले। तब जाके ओहिजा से गुजरत यात्री वायुसेना पुलिस चौकी के सूचना देले। जानकारी मिलते चौकी प्रभारी आरीफ अली शेर अपना साथी कृष्ण कुमार यादव के संगे पहुंचले।

उ परिवार के लोग से बात कईले अवुरी सांतावता देके पहिले चुप रह गईले। एकरा बाद चौकी प्रभारी ओकरा के तीन हजार रुपिया देके एगो कार बुक क के बुजुर्ग के लाश के अपना घर भेज देले। बुजुर्ग लोग के परिजन के कहनाम बा कि, अयीसन पुलिसकर्मी बहुत कम मिलेले, जवन कि लोग के मदद करेले।

साभार- दैनिक भास्कर

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]