[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में मोहर्रम के जुलूस में प्रतिबंधित हथियारन के प्रदर्शन, रोके गईल पुलिस से नोंक-झोंक, 16 नामजद आ 100 अज्ञात के खिलाफ मुकदमा दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

देवरिया जिला के बरडीहा लाला गांव में देर रात मोहर्रम जुलूस में अल्पसंख्यक समुदाय प्रतिबंधित हथियार के प्रदर्शन कइलस। बीट सिपाही लोग के रोकला पs उ गाली-गलौज भी कईले। सख्ती देखावत पुलिस 5 लोग के हिरासत में लेले बिया। 16 गो नाम आ 100 गो अज्ञात के खिलाफ गंभीर धारा के तहत मुकदमा दर्ज करावल गइल बा।

जिला के खुखुंदू थाना क्षेत्र के बरडीहा लाला गांव में ताजियादार रात में मोहर्रम के जुलूस निकलले रहले। जुलूस में भाग लेवे वाला अल्पसंख्यक समुदाय के बहुत लोग प्रतिबंधित हथियार के प्रदर्शन करत रहले। जइसहीं ई बात पता चलल कि बीट सिपाही लोग मउका पs पहुँच गइल। उ लोग के अयीसन करे से मना क देले, लेकिन प्रदर्शनकारी एकरा से सहमत ना भईले। सिपाही तुरंत सब इंस्पेक्टर दीपक पटेल के सूचना देले।

4 घंटा बाद मामला शांत हो गईल

थोड़े देर में जब पुलिस बल के संगे इंस्पेक्टर मउका पs पहुंचले त जुलूस में शामिल कुछ लोग ओ लोग पs हमला क देले। सूचना मिलते इंस्पेक्टर संतोष कुमार सिंह बल के संगे मउका पs पहुंचले अवुरी सख्ती देखावत 5 लोग के हिरासत में ले लेले। 4 घंटा ले पुलिस अवुरी प्रदर्शनकारी के बीच झड़प भईल। एकरा बाद मामला शांत हो गईल। 5 लोग के हिरासत में लिहल गईल।

एह दौरान बरडीहा लाला गाँव के लगे देवरिया-सलेमपुर राजमार्ग पs लमहर जाम लागल। इंस्पेक्टर संतोष कुमार सिंह बतवले कि पांच लोग के हिरासत में लिहल गईल बा। केस दर्ज हो चुकल बा। एसपी संकल्प शर्मा बतवले कि जिला में धारा 144 लागू बा। जुलूस में कवनो निषिद्ध हथियार के प्रदर्शन पs रोक बा। जुलूस के आड़ में उपद्रव पैदा करेवाला लोग से कड़ाई से निपटल जाई।

 

साभार- दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]