[the_ad_group id="30365"]

विश्वकप के मेजबानी पs खर्च भइल 30 हजार करोड़ डॉलर, पिछले 21 विश्वकप के कुल लागत से भी अधिका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फुटबॉल के दीवानगी त पूरा दुनिया के सिर चढ़कर बोलsला। हालांकि, इस पर वैभव का तड़का तब लगा जब 12 साल की कड़ी मेहनत के बाद एह बेर मध्य पूर्व के कतर के एकर मेजबानी मिलल। रेगिस्तान क्षेत्र में पहिले फीफा विश्वकप में खाड़ी देश के धन कुबेर लोग आपन खजान खोल दिहल अउर विश्व के सबसे बड़ खेल आयोजन पर खर्च कs डरलें 30 हजार करोड़ (300 अरब) अमेरिकी डॉलर। एगो अनुमान के मुताबिक, यह अब ले के कुल 21 फीफा विश्वकप आयोजन पर खर्च भइल कुल राशि से भी अधिका बा।

एहसे पहिले 2014 में ब्राजील सबसे अधिक 1500 करोड़ (15 अरब) डॉलर खर्च कइले रहे। इहे नाइ,ई राशि एशिया के शीर्ष दू अमीर मुकेश अंबानी (9250 करोड़ डॉलर) अउर गौतम अदाणी (14070 करोड़ डॉलर) के कुल संपत्ति 23,320 करोड़ डॉलर से 6,680 करोड़ डॉलर बेसी बा।

रेगिस्तान में बनावल गइल ग्रीन फील्ड

  • एह बेर के तरह टीमन ले अलग-अलग शहर में मैच खेले खातिर नाइ जाए के होई।
  • विश्वकप के सब मैच दोहा के 31 मील के जमीन पर ही होई। एकरे खातिर दोहा के रेगिस्तान में ग्रीन फील्ड तैयार कइल गइल बा।
  • बड़ संख्या में खिलाड़ियन अउर दर्शक के ठहरावे खातिर आधुनिकतम होटल तैयार कइल गइल बा।
  • कतर के कुल आबादी 29.96 लाख से तीन गुना अधिक दर्शक एक महीना ले शहर में रहिहें।

इंग्लैंड पहिले मुकाबिला में ईरान अउर नीदरलैंड सेनेगल के हरवलस

इंग्लैंड ग्रुप बी के अपने पहिले मुकाबले में ईरान के 6-2 के बड़ अंतर से पराजित कइलें। इंग्लैंड के ओर से जूड बेलिंघम (35वां मिनट), बुकायो साका (43 अउर 62वां मिनट), रहीम स्टर्लिंग (45+1), मार्कोस रशफोर्ड (71) अउर जे ग्रेलिश (89 वां मिनट) गोल कइलें। ईरान के ओर से दूनों गोल मेहदी तारेमी (65 वां मिनट अउर 90+13) कइलें। एकरे अलावा ग्रुप ए के मैच में नीदरलैंड कोडी गाकपो (84) अउर डेवी क्लासेन (90+9) के मदद से सेनेगल के 2-0 से हरा के जीत से अपने अभियान के शुरुआत कइलें।

आजु के मैच

अर्जेंटीना बनाम सउदी अरब : दूपहर 3.30 बजे
डेनमार्क बनाम ट्यूनीशिया : साँझ 6.30 बजे
मेक्सिको बनाम पोलैंड : रात 9.30 बजे
फ्रांस बनाम ऑस्ट्रेलिया : रात 12.30 बजे

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]