[the_ad_group id="30365"]

डीडीयू में आवेदन के अंतिम तिथि आज, दु दिन सुधार के मवका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में स्नातक, परास्नातक आ शोध पात्रता परीक्षा-2023 खातिर आवेदन प्रक्रिया सनीचर के समाप्त हो जाई। एकरा बाद दु दिन तक आवेदन में सुधार के मवका दिहल जाई। एमे ऊ आवेदन फॉर्म में त्रुटि सुधार, आवश्यक संशोधन आ आपन अद्यतन प्रमाणपत्र अपलोड कs सकी लो। हालांकि, एह दौरान ओह लोगन के नाम, संवर्ग, पाठ्यक्रम के नाम, वेटेज, मोबाइल नंबर आ ईमेल में कवनो बदलाव करे के इजाजत ना होई।

अभ्यर्थी अपना जाति भा ईडब्ल्यूएस प्रमाणपत्र के एही अवधि में अपडेट कs सकी लो। ओबीसी (अन्य पिछड़ा वर्ग) अभ्यर्थियन खातिर तीन बरिस के भीतर जारी (माने तीन अप्रिल 2021 भा ओकरा बाद जारी) प्रमाणपत्र लगावल अनिवार्य बा। एही तरे ईडब्ल्यूएस संबंधी उहे प्रमाणपत्र मान्य होई जवन एह वित्तीय बरिस (एक अप्रिल 2024 के भा ओकरा बाद जारी) में जारी होई।

कुलपति प्रो. पूनम टंडन बतवली कि अबकी बरिस के प्रवेश प्रक्रिया में हर स्तर पs अभ्यर्थियन के सुविधा के विशेष रूप से धेयान रखल गइल बा। विस्तृत प्रवेश विवरणिका, सुगमतापूर्वक आवेदन आ एक से जादे आवेदन खातिर ऑटोपोर्ट सुविधा के चलते आवेदकन के आसानी भइल बा। ई प्रयास आगे के चरणन में जारी रखल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]