सेंट्रल डेस्क। दुनिया भर में प्रदूषण कम करे खातिर इलेक्ट्रिक गाड़ी के चलन तेजी से बढ़ रहल बा। भारत में टेस्ला के ओर से मोडल Y के ऑफर कइल जाला। आखिर कवना वजह से ई गाड़ी दुनिया के सबसे जादे पसंद कइल जाये वाली इलेक्ट्रिक कार बनल बा, एकरा में का खासियत बा आ भारत में एकर कीमत केतना रखल गइल बा- आईं जानल जावs।
Tesla Model Y काहे बा सबसे पॉपुलर?
टेस्ला के मोडल Y दुनिया के सबसे ज्यादा पसंद कइल जाये वाली इलेक्ट्रिक गाड़ी मानल जाले। कंपनी एकरा के कइयन देसन में बिक्री खातिर पेश करतिया। भारतो में निर्माता के ओर से ई गाड़ी उपलब्ध करावल गइल बा।
नोएडा में टेस्ला के झलक
टेस्ला के ओर से ई गाड़ी नोएडा में पहिलका बेर प्रदर्शित कइल जा रहल बा। मोडल Y प्रीमियम के 20 से 26 फरवरी 2026 तक सेक्टर 62 में इस्थित कैंडोर टेक पार्क में रखल जाई। एकरा से नोएडा के ग्राहकन के टेस्ला के नजदीक से देखे आ पहिलका बेर टेस्ट ड्राइव करे के मवका मिली।
का-का खासियत बा?
टेस्ला के इकलौता इलेक्ट्रिक SUV Model Y में ढेर सानदार फीचर्स मिलेला। एह गाड़ी में 15.4 इंच के टचस्क्रीन, हीटेड आ वेंटिलेटेड सीट, एंबिएंट लाइट, रियर व्हील ड्राइव, 9 स्पीकर, AEB, ब्लाइंड स्पॉट कॉलिजन वार्निंग आ टिंटेड ग्लास रूफ जइसन आधुनिक सुविधा दिहल गइल बा।
रेंज केतना बा?
टेस्ला मोडल Y के कम रेंज आ लॉन्ग रेंज- दूनो बैटरी ऑप्शन में पेश कइल गइल बा। एक बेर फुल चार्ज कइला पs ई गाड़ी 500 से 661 किलोमीटर तक चल सकेले।
कीमत केतना बा?
टेस्ला मोडल Y के एक्स-शोरूम कीमत 59.89 लाख रुपिया रखल गइल बा। ओहिजा, लॉन्ग रेंज टॉप वेरिएंट के एक्स-शोरूम कीमत 67.89 लाख रुपिया बा।
Read Also: Saran News : 10 मार्च के होई जेपीयू के पीएचडी कोर्स वर्क परीक्षा, शेड्यूल जारी







