Saran News : 10 मार्च के होई जेपीयू के पीएचडी कोर्स वर्क परीक्षा, शेड्यूल जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 21, 2026

सारण। जयप्रकाश विश्वविद्यालय (जेपीयू ) के PhD कोर्स वर्क सत्र 2023 में नामांकन लेवे वाला छात्र-छात्रा खातिर परीक्षा के तारीख घोषित कs दिहल गइल बा। परीक्षा नियंत्रक डॉ. अशोक कुमार मिश्रा बतवलें कि कोर्स वर्क

Share

सारण। जयप्रकाश विश्वविद्यालय (जेपीयू ) के PhD कोर्स वर्क सत्र 2023 में नामांकन लेवे वाला छात्र-छात्रा खातिर परीक्षा के तारीख घोषित कs दिहल गइल बा। परीक्षा नियंत्रक डॉ. अशोक कुमार मिश्रा बतवलें कि कोर्स वर्क के लिखित परीक्षा 10 मार्च के आयोजित होई। एह बाबत पूरा शेड्यूल जारी कs दिहल गइल बा आ संबंधित विभागन के सूचना भेजल गइल बा। परीक्षा दू पाली में लिहल जाई, ताकि सब विषयन के परीक्षा सुचारु ढंग से संपन्न हो सके।

पहिली पाली दिन के 10 बजे से 1 बजे तक होई। एह पाली में ‘रिसर्च एंड मेथाडोलॉजी’ विषय के परीक्षा होई। ई पेपर 100 अंक के होई, जवना में शोध पद्धति से जुड़ल सवालन के संगे कंप्यूटर ज्ञान से संबंधित प्रश्न सामिल रही। शोध कार्य खातिर ई विषय बहुते जरूरी मानल जाला, काहे कि एह से छात्रन के रिसर्च क्षमता के मूल्यांकन कइल जाला।

कम से कम 50 प्रतिशत अंक पावल जरूरी

दूसरका पाली दुपहरिया 2 बजे से सांझ 5 बजे तक आयोजित होई। एह पाली में पेपर-टू के तहत छात्रन के मूल विषय से संबंधित परीक्षा लिहल जाई। ई पेपर 100 अंक के होई। दूनो पेपर मिला के कुल 200 अंक के परीक्षा होई। कोर्स वर्क में सफल होखे खातिर छात्र-छात्रा के कुल अंक के कम से कम 50 प्रतिशत अंक पावल जरूरी बा। जवन छात्र दूनो पेपर मिला के न्यूनतम 100 अंक हासिल करी, ओह लोग के आगे विश्वविद्यालय में शोध कार्य खातिर पात्र मानल जाई।

परीक्षा केंद्र विश्वविद्यालय के मल्टीपरपस परीक्षा भवन बनावल गइल बा। परीक्षा से जुड़ल शेड्यूल आ जरूरी जानकारी विश्वविद्यालय के वेबसाइट पs अपलोड कs दिहल गइल बा। संगही अलग-अलग पीजी विभागन के नोटिस बोर्ड पs सूचना चिपकावल गइल बा।

इंटरनल असेसमेंट विभाग स्तर पs होई

परीक्षा नियंत्रक इहो बतवलें कि कंप्यूटर से जुड़ल इंटरनल असेसमेंट के परीक्षा विभाग स्तर पs आयोजित कइल जाई। फिलहाल कोर्स वर्क परीक्षा खातिर फॉर्म भरल जा रहल बा। विभागन में कंप्यूटर के क्लासो चल रहल बा।

एह क्लासन में 75 प्रतिशत उपस्थिति अनिवार्य बा, तबे छात्र-छात्रा आपन फॉर्म जमा कs सकी। कोर्स वर्क पास कइला के बाद छात्रन के गाइड आवंटित कइल जाई, जवन गाइड के निरदेसन में छात्र न्यूनतम तीन आ अधिकतम सात साल के भीतर आपन शोध कार्य पूरा करी।

Read Also: Falgun Purnima 2026 Date : फाल्गुन पूर्णिमा कब बा? तिथि आ स्नान-दान के सुभ मुहूर्त नोट कs लीं

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.