[the_ad_group id="30365"]

भारत में फिर से आइल टेलीनॉर, 4G सिम के संगे खाली ₹10 में दे रहल बा लाइफ टाइम ले के रिचार्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में बरियार टक्कर देवे वाली टेलीनॉर कंपनी फिर से वापस आ रहल बा अउरी जेतना भी टेलीकॉम कंपनी बानें सब, ओ सब के छक्का छुड़ावे खातिर फिर से 4G सिम के संगे वापस लौट रहल बा। जेहमें रउआ के बहुत कम दाम में लाइव टाइम फ्री मिले वाला बा।

यूनिनॉर के खास ऑफर

मध्य प्रदेश में इंदौर के कुछ खास ऑफर अभिन चल रहल बा। अउरी इहां पर कुछ खास यूजर्स पहिलही से यूनिनॉर सिम के इस्तेमाल कs रहल बानें। ओह सब यूजर्स के इ एगो खास ऑफर दे रहल बा।

मीडिया रिपोर्ट के अनुसार यूनिनॉर के सिम कार्ड लेतनी चाहे फेर आप एगो पुरान यूजर्स बानीं। त रउआ खातिर यूनीनार के तरफ से बढ़िया शानदार ऑफर पेश कइल जा रहल बा। अगर आप uninor के ₹10 के रिचार्ज करवावतनी त आप के ₹10 के टॉकटाइम दिहल जा रहल बा। अउरी एह तरे से आप के ₹20 के रिचार्ज करववला पर ₹20 के टॉकटाइम, ₹30 के रिचार्ज करववला पर ₹30 के टॉकटाइम दिहल जा रहल बा।

यूनिनॉर के इनकमिंग कॉल बंद नाइ होई

आपके बता देईं कि सब टेलीकॉम कंपनियन में रिचार्ज खत्म हो गइला के बाद इनकमिंग कॉल के बंद कs दिहल जात रहे, लेकिन टेलीकॉम एगो नया रूप से वापस आ रहल बा अउरी एहमें अगर आपके रिचार्ज नाइ करवावत बानीं त आपके सिम पर इनकमिंग कॉल बंद नाइ होई अउर चालू रही। आप जब चाहे तब एहमें रिचार्ज करवा सकतनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]