[the_ad_group id="30365"]

डिजिटल मार्केटिंग सीखे वालन के गूगल ट्रेंड के जानकारी होखल काहें ज़रूरी बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अक्सर रउआ गाहे-बगाहे Google Trends के नाम त सुनले होखब। लेकिन का रउआ के पता बा कि वास्तव में ई होला का? एकर काम का ह? अउर कौनो प्रोफेशनल आदमी के एकर जानकारी होखल जरूरी बा। अगर रउओ के एह सब सवाल के जवाब नाइ मालूम त निराश होखले के जरूरत नइखे। काहेसेकि एह आर्टिकल में गूगल टेंड्र से जुड़ल लगभग सब जानकारी साझा कइल जा रहल बा।

गूगल ट्रेंड्स दुनिया के सबसे बड़ सर्च इंजन Google कंपनी के ही एगो प्रोडक्ट (tool) ह। एकर प्रयोग अधिकांशत: विश्वभर में चल रहल ओह मुद्दा के जानकारी साझा कइले में होला जौन वर्तमान में अधिक से अधिक लोग सर्च कs रहल होखें। एह टूल के सबसे ज्यादा उपयोग डिजिटल मार्केटिंग करे वाले प्रोफेशनल्स करेने। अगर रउओ भी डिजिटल मार्केटिंग प्रोफेशनल बनल चाहतनी त तुरंत देश के जानल- मानल लर्निंग प्लेटफार्म सफलता डॉट कॉम के बहुते कम फीस में चलावल जा रहल खास Digital Marketing Course – Download Now के सबस्क्राइब कs सकतनी अउरी जल्द से जल्द आकर्षक सैलरी वाला जॉब हासिल कs सकतने।

आसान भाषा में समझीं Google Trends के काम
जब हम अपने ब्लॉग खातिर कौनो पोस्ट लिखतनी त ओसे पहिले keyword research जरूर करेने। Keyword research कs के अइसन keyword ढूंढतने जौन लोग ज्यादा सर्च करेने अउरी लोग के अइसने जानकारी देहले के कोशिश करेने जइसन कि ऊ चाहत रहनें। ई एगो अइसन टूल हवे जौन समय के साथ होखे वाले हर बदलाव के रिकॉर्ड दर्ज करsता अउरी ओके ग्राफ के रूप में दिखावला। एकरे अलावा ई टूल हमनी के इहो भी बतावला की कौन से कीवर्ड के केतना बेर अउरी केतने लोग अउर कौन कौन से लोकेशन से सर्च कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]