Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विवादित बयान पर कार्रवाई: विधायक टी. राजा भाजपा से कइल गइले निलंबित, पार्टी 10 दिन में मंगलस जवाब

323

विवादित बयान मामला  में भारतीय जनता पार्टी कड़ा कारवाही कइले बा। पार्टी तेलंगाना से विधायक टी राजा सिंह के निलंबित क देहले बा। एकरे सथही उनके कारण बताओ नोटिस भी जारी कइल गइल बा। भाजपा तेलंगाना विधायक से पूछले बा कि काहे उनके पार्टी से बर्खास्त न क देहल जाव्? उनसे 10 दिन में जवाब देवे के कहल गइल बा। एकरे अलावा भाजपा विधायक के खिलाफ जांच भी बिठावल गईल बा।

सोशल मीडिया पर पोस्ट कइले रहने वीडियो

भाजपा विधायक टी राजा सिंह हाल ही में सोशल मीडिया पर एगो वीडियो अपलोड कइले रहने। एह वीडियो में उ पैगंबर मोहम्मद के ले के कथित तौर पर टिप्पणी कइले रहलें। एकरे बाद सोमार देर रात हैदराबाद में सैंकड़न के संख्या में लोग सड़क पर उतर आइल अउर भाजपा विधायक के गिरफ्तार कइले के मांग करे लगने। विरोध बढ़त देख पुलिस आज सुबह धार्मिक भावना भड़कवले के आरोप में भाजपा विधायक के गिरफ्तार कs लिहलस।

311260cookie-checkविवादित बयान पर कार्रवाई: विधायक टी. राजा भाजपा से कइल गइले निलंबित, पार्टी 10 दिन में मंगलस जवाब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.