स्पीकर विजय सिन्हा नीतीश के चुनौती दिहें, इस्तीफा ना, बोलले- विधानसभा में अविश्वास प्रस्ताव के प्रतिकार होई

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 23, 2022

बिहार विधानसभा के अध्यक्ष विजय कुमार सिन्हा ऐलान कइले कि ऊ इस्तीफा ना दिहें। महागठबंधन के ओर से ले आवल गइल अविश्वास प्रस्ताव के नियम के विरुद्ध करार देले। बुध के सरकार के विश्वास प्रस्ताव

Share

बिहार विधानसभा के अध्यक्ष विजय कुमार सिन्हा ऐलान कइले कि ऊ इस्तीफा ना दिहें। महागठबंधन के ओर से ले आवल गइल अविश्वास प्रस्ताव के नियम के विरुद्ध करार देले। बुध के सरकार के विश्वास प्रस्ताव पs वोटिंग के बाद विधानसभा अध्यक्ष के खिलाफ ले आवल गइल अविश्वास प्रस्ताव पs मतदान होखे के रहे।

गौर करे आला बात बा कि नाया सरकार के विश्वास मत हासिल करे खातिर 24 अगस्त के विधानसभा के बैठक सबेरे 11 बजे से बोलावल गइल बा। एह एक दिवसीय सत्र के कार्ययोजना मौजूदा अध्यक्ष के बनावे के बा। विधानसभा में दुइये गो काम कइल जाये के बा। पहिला सरकार के बहुमत हासिल कइल आ दूसर अध्यक्ष के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पs मतदान। सत्तापक्ष चूंकि अध्यक्ष के खिलाफ नो कंफिडेंस मोशन नोटिस दे चुकल बा, एहिसे इँ सभा के संचालन अध्यक्ष के जगे उपाध्यक्ष महेश्वर हजारी से करावल चाही। बाकिर एकरा के दूसर नम्बर पs लिहल गइला के स्थिति में सरकार के विश्वास मत हासिल करे के प्रक्रिया के संचालन विजय सिन्हा करिहे। (जदि एकरा पहिले ऊ इस्तीफा ना देले तs)।

बता दीं कि बिहार विधानसभा के कार्यसंचालन नियमावली में अध्यक्ष के हटावे भा नया अध्यक्ष के निर्वाचन के प्रक्रिया निर्धारित बा। खासबात ई बा कि बिहार के राज्यपाल द्वारा अध्यक्ष के निर्वाचन के तिथि निर्धारित होखे के बा। चूंकि तकनीकी रूप से विस के अध्यक्ष के पद अभी खाली नइखे आउर ना अइसन कवनो सूचना विस के ओर से महामहिम के दिहल गइल बा, एहिसे फिलहाल राज्यपाल 25 अगस्त के विप के सभापति निर्वाचन के तिथि मुकर्रर कइलें बाड़े। जहां तक विधानसभा अध्यक्ष के निर्वाचन के बात बा तs रिक्ति के सूचना मिलला के बाद उनका द्वारा तिथि निर्धारित होई। निर्वाचन के तिथि के एक दिन पहिले 12 बजे दिन तक अध्यक्ष बने के इच्छुक सदस्य विस सचिव के लगे नामांकन दर्ज करिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.