[the_ad_group id="30365"]

अब भाजपा विधायक टी राजा पैगंबर मोहम्मद पर कइलें विवादित टिप्प्णी, विरोध में सड़क पर उतरल लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा से निलंबित प्रवक्ता नुपुर शर्मा प्रकरण अभिन थमल नाइ बा कि अब तेलंगाना में भाजपा विधायक टी राजा सिंह के भी विवादित टिप्पणी सोझे आईल बा। आरोप बा कि भाजपा विधायक पैगंबर मोहम्मद के ले के अपमानजनक टिप्प्णी कइले बाने। एकरे बाद गुस्साइल लोग सड़क पर उतर आइल बाने। देर रात बड़ संख्या में लोग भाजपा विधायक के खिलाफ  प्रदर्शन क के उनके गिरफ्तारी के मांग कइलें।

ओन्ने, पुलिस बतवलस कि पैगंबर मुहम्मद के खिलाफ कथित अपमानजनक टिप्पणी के बाद भाजपा विधायक टी राजा सिंह के खिलाफ मामला दर्ज कइल गइल बा। डीसीपी पी साई चौतन्य बतवने, बड़ संख्या में लोग बीतल रात साउथ जोन डीसीपी कार्यालय में विरोध प्रदर्शन कइले रहल। ऊ बतवलें, विधायक के खिलाफ कई धारा में मामला दर्ज कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]