[the_ad_group id="30365"]

आजु आजमगढ़ में अखिलेश यादव: उपचुनाव के बाद सपा प्रमुख के पहिला दौरा, जेल में बंद विधायक रमाकांत से मिलिहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा उपचुनाव में मिलल हार के बाद आज पहिला बेर समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव के आजमगढ़ आगमन होखे जा रहल बाने। जनपद भ्रमण के साथ ही सपा प्रमुख इटौरा जेल में बंद सपा विधायक रमाकांत यादव से मुलाकात करिहें। एकरे अलावा उ पार्टी पदाधिकारियन अउरी कार्यकर्ता लोग के संगे बइठकियो कs सकsतने।

एसे पहिले अखिलेश 17 मई के सपा के पूर्व विधायक श्याम बहादुर यादव के माई के देहांत पर आजमगढ़ आइल रहलें। पहिले एमएलसी चुनाव, फिर लोकसभा उपचुनाव में समाजवादी पार्टी के हार के बाद सपा मुखिया के एह दौरा के ले के कयासबाजी तेज बा। सपा के अपनिये गढ़ में लगातार दू हार मिलला के बाद अखिलेश के एह दौरा के 2024 लोकसभा चुनाव से जोड़ के देखल जा रहल बा।

मानल जा रहल बा कि एह सियासी दौरा के जरिए अखिलेश फिर आजमगढ़ में सक्रिय होखे जा रहल बानें। फूलपुर-पवई सीट से विधायक रमाकांत यादव बहुचर्चित माहुल शराब कांड समेत कई मामला में जेल में बंद बानें। हालांकि, एससी-एसटी एक्ट समेत दू मामला में कोर्ट उनके जमानत दे चुकल बीया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]