[the_ad_group id="30365"]

लंदन से लवटते तेजस्वी यादव CBI रेड के लेके बोलले हमला, JDU संगे सरकार बनावे के बात पs कहले ई काल्पनिक बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में सियासी पारा अभी चढ़ल बा। एक ओरि जातीय जनगणना तs दूसरा ओरि राज्यसभा चुनाव के लेके अभी माहौल गरमाइल बा। एही बीचे लालू प्रसाद यादव फेर एकबार पटना आ चुकल बाड़े आ उनका आगमन के लेके दिने दिन नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव विदेश दौरा से वापस आ गइले। अपना पत्नी के संगे लंदन दौरा से वापस आइल तेजस्वी यादव मीडिया से बात करत लालू यादव के ठिकानन पs भइल छापेमारी आ सियासी कयासन पs प्रतिक्रिया देले।

सीबीआई रेड को लेकर तेजस्वी ने कहा..

बियफे के लंदन से बिहार वापस लवटला के बाद तेजस्वी यादव पटना एयरपोर्ट पs मीडिया से मुखातिब भइले। तेजस्वी यादव हाले में लालू यादव आ आउर लोगन के ठिकानन पs पड़ल छापा के बारे में प्रतिक्रिया देले। ऊ कहले कि हम बचपने से ई छापेमारी के देखले बानी। एकरा पाछे का बा पाता नइखे बाकिर ई पहिला बेर ना हs आ ना अंतिम बार हs। जब ले संवैधानिक संस्थानन के दुरुपयोग होत रही, ई छापा चलत रही। तेजस्वी आरोप लगवले कि हमनी के बेर-बेर तंग कइल जा रहल बा।

जदयू के संगे सरकार बनावे के सवाल पs तेजस्वी कहले

बता दीं कि समाचार एजेंसी ANI के मोताबिक, राजद मीसा भारती आ फैयाज अहमद के उम्मीदवार बनवले बा। सुक के दुनों लोग नामांकन कs सकत बा। भविष्य में जदयू के साथे सरकार बनवला के सवाल पs तेजस्वी कहले कि ई सब काल्पनिक बात हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]