Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एह दिन भारत में एंट्री मारी Realme के ई स्मार्टफोन, मिली एक से बढ़के एक फीचर्स

Realme भारत में आपन नया स्मार्टफोन सीरीज के लॉन्च करे के तइयारी में बिया। हमनी के Realme Narzo 60 सीरीज के बात कर रहल बानी सs जवना के कंपनी ने हाले में टीज कइले बिया। ई सीरीज 6 जुलाई के भारत में लॉन्च होखे जा रहल बा। सीरीज में दु स्मार्टफोन- Realme Narzo 60 5G आ Realme Narzo 60 Pro 5G सामिल बा।

1,802

Realme Narzo 60 सीरीज के भारत लॉन्च खातिर तारीख 6 जुलाई तय कइल गइल बा, कंपनी मंगर के एगो मीडिया आमंत्रण के माध्यम से एकर पुष्टि कइलस। Realme Narzo 60 5G आ Realme Narzo 60 Pro 5G के लॉन्च इवेंट दुपहरिया 12 बजे सुरू होई आ हैंडसेट भारत में Amazon के माध्यम से बिक्री खातिर उपलब्ध होई।

फीचर्स के बात करीं तs एह फोन के कर्व्ड डिस्प्ले के संगे आवे खातिर टीज कइल गइल बा आ एमें 1TB तक के इंटरनल स्टोरेज दिहल जा सकत बा। Realme Narzo 60 5G में 100-मेगापिक्सल के रियर कैमरा सेटअप आवे के खबर बा। बता दीं कि Realme Narzo 60 5G आ Realme Narzo 60 Pro 5G भारत में 6 जुलाई के लॉन्च होई।

कंपनी देलस जानकारी

रियलमी इंडिया वेबसाइट आ अमेजन इंडिया पs एक समान माइक्रोसाइट हs, जवन नया रियलमी Narzo 60 सीरीज के डिजाइन आ फीचर्स के सुझाव देला। रउआ अब इवेंट के बारे में जाने खातिर साइन अप कs सकत बानी। बता दीं कि ब्रांड लॉन्च खातिर मीडिया इनवाइट भेज देले बा। फिलहाल कीमत के लेके कवनो जानकारी सामने न इखे आइल।

नया Narzo लाइनअप के पतला बेजेल्स के संगे 61-डिग्री कर्व्ड डिस्प्ले के साथे आ सकत बा। रउआ फोन पs 250,000 से बेसी फोटो संग्रहित करे खातिर मेमोरी क्षमता के लाभ मिली, जेमे माइक्रोएसडी कार्ड के माध्यम से 1TB स्टोरेज मिल सकत बा।

मिली ई खासियत

एगो नया रिपोर्ट में पता चलल बा कि Realme Narzo 60 5G खातिर मार्टियन होराइजन कलर ऑप्शन के सुझाव दिहल गइल बा। एमे 100 मेगापिक्सल के रियर कैमरा सेटअप होखे के उम्मीद बा। बतावल जा रहल बा कि Realme Narzo 60 5G, Realme 11 5G के रीब्रांडेड वर्जन होई। जवना के मई में चीन में 8GB रैम + 256GB स्टोरेज वेरिएंट में पेश कइल बा।

Realme Narzo 60 5G पहिले मीडियाटेक डाइमेंसिटी 6020 प्रोसेसर आ 6GB रैम के संगे गीकबेंच बेंचमार्किंग वेबसाइट पs दिखाई देले रहे। ई एंड्रॉइड 13 आधारित Realme UI 4.0 पs काम कs सकत बा।

579610cookie-checkएह दिन भारत में एंट्री मारी Realme के ई स्मार्टफोन, मिली एक से बढ़के एक फीचर्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.