[the_ad_group id="30365"]

Nokia लॉन्च कइलस पहिला 5G रिपेयरेबल फोन, खराब होला पs ग्राहक खुद क पाई ठीक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एचएमडी ग्लोबल जी-सीरीज के नयका स्मार्टफोन के पर्दा उठइले बिया। नोकिया जी42 5जी बनावे में सस्टेनेबिलिटी अवुरी ड्यूरेबिलिटी पs खास ध्यान दिहल गईल बा। इ मरम्मत करे लायक डिवाइस नोकिया iFixit के साझेदारी में बनवले बिया। जवना के चलते यूजर खुद टूटल स्क्रीन, खराब चार्जिंग पोर्ट अवुरी खराब बैटरी जईसन खामी के आसानी से ठीक क सकतारे। नयका नोकिया जी42 5जी में 6.56 इंच के डिस्प्ले, एंड्रॉयड 13 जईसन फीचर दिहल जाई।

नोकिया जी42 5जी स्मार्टफोन के iFixit के साझेदारी में बनावल गईल बा। ताकि यूजर स्टेप-बाय-स्टेप रिपेयर गाइड अवुरी सस्ता रिप्लेसमेंट पार्ट के संगे फोन के खुद ठीक क सकेले। नोकिया के कहनाम बा कि जी42 कंपनी के पहिला मरम्मत करे लायक 5जी फोन ह अवरू एकर रीसाइकल बैक कवर बनावे में 65 प्रतिशत रीसाइकल मटेरियल के इस्तेमाल कईल गईल बा।

क्वालकॉम स्नैपड्रैगन 480 प्लस 5जी प्रोसेसर के नोकिया जी42 5जी में दिहल गईल बा। ए स्मार्टफोन में 4 जीबी रैम अवरू 128 जीबी के इनबिल्ट स्टोरेज बा। एकरा अलावे ए डिवाइस के 6 जीबी रैम अवरू 128 जीबी स्टोरेज में भी लिहल जा सकता। फोटोग्राफी खातिर नोकिया के हैंडसेट में 50 मेगापिक्सल प्राइमरी, 2 मेगापिक्सल डेप्थ आ 2 मेगापिक्सल मैक्रो सेंसर वाला ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप दिहल गईल बा। फोन में सेल्फी अवरू वीडियो कॉलिंग खातीर 8 मेगापिक्सल के फ्रंट सेंसर बा।

नोकिया के ए फोन में 6.56 इंच के एलसीडी डिस्प्ले बा जवन कि (720 x 1612 पिक्सल) रेजॉलूशन देवेला। हैंडसेट में सुरक्षा खातीर गोरिल्ला ग्लास उपलब्ध बा। स्मार्टफोन के पावर देवे खातीर 5000एमएएच के बैटरी दिहल गईल बा। कंपनी के कहनाम बा कि, फोन के बैटरी 3 दिन ले चली। नोकिया के दावा बा कि 800 फुल चार्जिंग साइकल (लगभग 4 साल) के बादो बैटरी अपना मूल क्षमता के 80 प्रतिशत बरकरार राखी।

नोकिया जी42 5जी स्मार्टफोन एंड्रॉयड 13 के संगे लॉन्च कईल गईल बा। एह फोन के 3 साल ले हर मंथली सिक्यॉरिटी अपडेट अवरू 2 साल ले OS अपग्रेड मिले के दावा कईल गईल बा। एकरा अलावे नोकिया के फोन में कनेक्टिविटी खातीर ब्लूटूथ 5.1, वाई-फाई 6, NFC सपोर्ट अवरू OZO 3D ऑडियो जईसन फीचर उपलब्ध बा।

इ फोन नोकिया के वेबसाइट से खरीदल जा सकता अवरू एकरा के सो पर्पल अवरू सो ग्रे रंग में उपलब्ध करावल गईल बा। इ फोन IP62 रेटिंग के संगे आईल बा। इ फोन यूरोप, अमेरिका अवरू ब्रिटेन में उपलब्ध होई। 6 जीबी रैम अवरू 128 जीबी स्टोरेज वेरिएंट के कीमत 199 डॉलर (करीब 16,300 रुपया) बा। जबकि 4 जीबी रैम अवरू 128 जीबी मॉडल के कीमत के अबे ले कवनो खुलासा नईखे भईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]