[the_ad_group id="30365"]

Teacher’s Day 2024: टीचर आ स्टूडेंट के रिश्ता पs बनल बेस्ड फिलिम, देखब तs हो जाएब इमोशनल

टीचर्स पs आधारित फिल्म : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाज में शिक्षक लोग के योगदान के सम्मान में हर साल 5 सितंबर के शिक्षक दिवस मनावल जाला। ई दिन भारत के दार्शनिक, साहित्यकार आ दूसरा राष्ट्रपति रहल डॉ. सर्वेपल्ली राधाकृष्णन के जयंती के याद में मनावल जाला। शिक्षक आ छात्र के बीच के रिश्ता बहुत खास बा। अपना विद्यार्थियन के जिनिगी में सफल बनावे में शिक्षकन के अहम भूमिका होला आ बॉलीवुड अपना बहुते फिलिमन में एह रिश्ता के बहुते बढ़िया से पेश कइले बा. गुरु आ शिष्य के रिश्ता पs कई गो हिट फिलिम बनल बाड़ी सँ.

•सुपर 30 (2019)

सुपर 30: फोटो
सुपर 30: फोटो

ई फिलिम आनंद कुमार के जिनिगी पs आधारित बा जे गणितज्ञ हउवें आ गरीब विद्यार्थियन खातिर एगो फ्री कोचिंग इंस्टीट्यूट चलावत बाड़न. एह फिलिम में ऋतिक रोशन आनंद कुमार के किरदार निभावत बाड़न आ एह फिलिम में मृणाल ठाकुर आ पंकज त्रिपाठी भी बाड़े.

•तारे जमीन पर (2007)

तारे जमीन पर: फोटो
तारे जमीन पर: फोटो

एह फिलिम में एगो डिस्लेक्सिक बच्चा के कहानी बा जेकरा के ओकर कला शिक्षक ओकरा सीखला के दिक्कत से उबरे में मदद करत बा. आमिर खान एह फिलिम के निर्देशन आ अभिनय कइले बाड़न जवना में दर्शील सफारी आ टिस्का चोपड़ा भी बाड़ी.

पाठशाला(2010) 

पाठशाला: फोटो
पाठशाला: फोटो

शाहिद कपूर, नाना पटेकर आ आयशा टाकिया के शानदार फिलिम ‘पाठशाला’ शिक्षक आ छात्र के खास बंधन पs आधारित बा. फिल्म में जब शाहिद स्कूल प्रबंधन के खिलाफ जाके लइकन के मदद करेला।

हिचकी (2018)

हिचकी: फोटो
हिचकी: फोटो

एह फिलिम में रानी मुखर्जी टॉरेट सिंड्रोम से पीड़ित एगो शिक्षक के किरदार कइले बाड़ी जे गरीब लइकन के पढ़ावे के फैसला कs लेत बाड़ी. एह फिलिम के समीक्षक आ दर्शक दुनु के बहुते बढ़िया समीक्षा मिलल बा.

•ब्लैक (2005)

ब्लैक : फोटो
ब्लैक : फोटो

ई फिलिम एगो आन्हर आ बहिर लइकी आ ओकरा गुरु के बीच के रिश्ता पs आधारित बा जे ओकरा विकलांगता के बाधा के तोड़े में मदद करेला. संजय लीला भंसाली के निर्देशन में बनल एह फिलिम में रानी मुखर्जी आ अमिताभ बच्चन मुख्य भूमिका में बाड़े.

इकबाल (2001)

इकबाल: फोटो
इकबाल: फोटो

ई फिलिम एगो बहरा आ गूंगा लड़िका क्रिकेटर आ ओकर गुरु पs आधारित बा जे ओकरा के जिनिगी में सफल बने में मदद करेला. एह फिलिम में नसीरुद्दीन शाह एगो गुरु के भूमिका में बाड़न जे इकबाल के भारतीय क्रिकेट टीम खातिर खेले के सपना पूरा करे में मार्गदर्शन करेला.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]