अब छव सितंबर के ना होई रिलीज कंगना के फिल्म ‘इमरजेंसी’

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2024

कंगना रनौत के फिल्म इमरजेंसी बड़ विवाद में उलझल बिया। अब ई फिलिम 6 सितंबर के रिलीज ना होखी। बंबई हाईकोर्ट सेंसर बोर्ड के तुरंत प्रमाणपत्र जारी करे के निर्देश देवे से इनकार कऽ देलस।

Share

Kangna Ranaut movie emergency

कंगना रनौत के फिल्म इमरजेंसी बड़ विवाद में उलझल बिया। अब ई फिलिम 6 सितंबर के रिलीज ना होखी। बंबई हाईकोर्ट सेंसर बोर्ड के तुरंत प्रमाणपत्र जारी करे के निर्देश देवे से इनकार कऽ देलस। बम्बई हाईकोर्ट के कहना बा कि अगर अइसन कइल गइल तऽ ई मध्य प्रदेश हाईकोर्ट के आदेश का विरोधाभास होखी।

कंगना रनौत के फिल्म ‘इमरजेंसी’ बड़ विवाद में उलझल बा। अब ई फिलिम 6 सितंबर के रिलीज ना होखी। बंबई हाईकोर्ट सेंसर बोर्ड के तुरंत प्रमाणपत्र जारी करे के निर्देश देवे से इनकार कऽ देलस। बम्बई हाईकोर्ट के कहना बा कि अगर अइसन कइल गइल तऽ ई मध्य प्रदेश हाईकोर्ट के आदेश के विरोधाभास होखी। बता दीं कि कंगना रनौत के फिलिम के अबहीं ले सेंसर सर्टिफिकेट नइखे मिलल।

18 सितंबर तक आपत्ति पऽ फैसला लेवे के आदेश

सुनवाई के दौरान बंबई हाईकोर्ट कहलस कि उऽ सीबीएफसी के प्रमाणपत्र जारी करे के निर्देश नइखे दे सकत, काहेंकी मध्य प्रदेश हाईकोर्ट जबलपुर सिख संगत के ओर से दर्ज आपत्ति पs सेंसर बोर्ड के फैसला करे के आदेश दे चुकल बा। सिख संगत एह फिलिम आ ओकरा ट्रेलर पs आपत्ति जतवले बाड़न। जबलपुर सिख संगत भा केहू दोसरा के आपत्ति पs सीबीएफसी के 18 सितंबर ले फैसला लेबे के आदेश हाईकोर्ट दिहले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.