सेंट्रल डेस्क। आज देस के पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के 101वीं जयंती बा। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सहित पूरा कृतज्ञ राष्ट्र भारत रत्न अटल बिहारी वाजपेयी के अमूल्य जोगदान के इयाद कs रहल बा। एह मौका पs राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, पीएम मोदी, लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला सहित कइयन गो राजनीतिक आ सामाजिक हस्ती दिल्ली में बनल वाजपेयी के स्मारक ‘सदैव अटल’ पहुंच के दिवंगत नेता के श्रद्धांजलि अर्पित कइल।
एक्स हैंडल पs पीएम मोदी के पोस्ट
एकरा से पहिले प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अटल बिहारी वाजपेयी के जोगदान के इयाद करत अपना एक्स हैंडल पs एगो वीडियो साझा कइलें। पीएम मोदी कहलें कि वाजपेयी जी के आचरण, विचार आ अटल संकल्प राजनीति खातिर एगो आदर्श मानक बा। उहां के जिनगी देस सेवा, लोकतंत्र आ सुशासन के मिसाल रहे।
वाजपेयी जी के व्यक्तित्व प्रेरणादायक
संस्कृत के एगो सुभाषित के उद्धरण देत पीएम मोदी कहलें कि अटल बिहारी वाजपेयी के जयंती उनका व्यक्तित्व से प्रेरणा लेवे के खास मौका बा। पीएम मोदी वाजपेयी जी के आचरण आ सोच के चरचा करत कहलें कि ऊ हमेसा राष्ट्रहित के सबसे ऊपर रखलें।
राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आ पीएम मोदी ‘सदैव अटल’ पहुंच के दिहल श्रद्धांजलि
पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के 101वीं जयंती पs राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में विशेष कार्यक्रम आयोजित कइल गइल। एह अवसर पs राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू, उपराष्ट्रपति सीपी राधाकृष्णन, लोकसभा स्पीकर ओम बिरला सहित कइयन गो भाजपा नेता सदैव अटल पहुंच के श्रद्धासुमन अर्पित कइलें। पीएम मोदी एक्स हैंडल पs वीडियो संदेश जारी कइला के संगे-संगे खुद सदैव अटल स्मारक पहुंच के वाजपेयी जी के नमन कइलें।
अटल बिहारी वाजपेयी के स्मारक सदैव अटल पs आयोजित संगीतबद्ध श्रद्धांजलि कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अलावा पूर्व उपराष्ट्रपति वेंकैया नायडू, भाजपा के नवनियुक्त कार्यकारी अध्यक्ष नितिन नवीन, केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्डा सहित कइयन गो धर्मगुरु आ विशिष्ट अतिथि सामिल भइल लो।









