28 मार्च 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 28, 2026

दिनांक- 28/03/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग चैत्र शुक्ल पक्ष तिथि- दशमी दिन के 08 बजके 46 मिनट ले, ओकरा बाद एकादशी। दिन- सनिचर।  पुष्य नक्षत्र दिन के 02 बजके 50 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 28/03/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

दिन के 08 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- सनिचर।

 पुष्य नक्षत्र

दिन के 02 बजके 50 मिनट ले,

ओकरा बाद आश्लेषा नक्षत्र।

सुकर्मा जोग

दिन के 08 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद धृति जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/03/2026

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

दिन के 07 बजके 46 मिनट ले।

दिन- अतवार।

आश्लेषा नक्षत्र

दिन के 02 बजके 37 मिनट ले।

धृति जोग

सांझ के 06 बजके 19 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बढ़िया रही। काम-धंधा में तरक्की मिली। नया मवका मिल सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज तनिका सावधान रहे के जरूरत बा। खरचा बढ़ सकेला। सोच-समझ के फैसला लीं। सेहत पs ध्यान दीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ मेहनत के फल मिली। नौकरी आ बिजनेस में फायदा होई। संघतिया लोगन से सहजोग मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज मन तनिका परेसान रह सकेला। परिवार में छोट-मोट बात पs बहस हो सकेला। धैर्य बना के रखीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन ऊर्जा से भरल रही। नया काम सुरू करे के बढ़िया समय बा। सम्मान आ प्रतिष्ठा बढ़ी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। रुकल काम पूरा होई। घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन सामान्य रही। काम में तनिका मेहनत जादे करे के पड़ी। बाकिर परिणाम अच्छा मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज भाग्य तनिका साथ दी। अचके धन लाभ हो सकेला। जतरा के जोग बनत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज सेहत पs ध्यान दीं। काम के दबाव बढ़ सकेला। परिवार के संगे समय बिताईं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज करिअर में सफलता मिली। अधिकारी लोग से तारीफ मिली। नया जिम्मेदारी मिल सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज दिन मिलल-जुलल रही। कुछ काम सफल होई, कुछ में देरी हो सकेला। धैर्य रखीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज खुसी के दिन बा। प्रेम संबंध मजबूत होई। आर्थिक लाभ के जोग बा।

Read Also : Team India Schedule : BCCI वेस्‍टइंडीज, श्रीलंका, जिम्‍बाब्‍वे आ ऑस्‍ट्रेलिया सीरीज के कइलस एलान, एक क्लिक में देखीं पूरा शेड्यूल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.