26 मार्च 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2026

दिनांक- 26/03/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग चैत्र शुक्ल पक्ष तिथि- अष्टमी दिन के 11 बजके 49 मिनट ले, ओकरा बाद नवमी। दिन- बियफे। आद्रा नक्षत्र दिन के 04 बजके 19 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 26/03/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- अष्टमी

दिन के 11 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन- बियफे।

आद्रा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद पुनर्वसु नक्षत्र।

शोभन जोग

दिन के 12 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 27/03/2026

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

दिन के 10 बजके 07 मिनट ले।

दिन- सुक।

पुनर्वसु नक्षत्र

दिन के 03 बजके 24 मिनट ले।

अतिगण्ड जोग

रात के 10 बजके 09 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। दोसरा से से सहजोग लेवे में सफलता मिलल। बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। बहुप्रतीक्षित काम के पूरा होखला से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। रचना के कोसिस सफल होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

रचना के कामन में सफलता मिली। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित रहेम। बेवसायिक योजना फलीभूत होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

रचना के कोसिस सफल होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। संबंधन में निकटता आई। बेवसायिक कोसिस सार्थक होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

बाबूजी भा संबंधित अधिकारी से तनाव मिल सकत बा। रचना के कामन में सफलता मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। व्यक्ति विशेष के कारण तनाव मिल सकत बा। आर्थिक ममिलन में जोखिम मत उठाईं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

दांपत्य जीवन सुख से भरल होई। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। आर्थिक प्रयास सफल होई। जीविका के क्षेत्र में चल रहल कोसिस सफल होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

बेकार के उलझनें रही। स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

बुद्धि कौशल से कइल काम पूरा होई। कवनो रिश्तेदार भा व्यक्ति विशेष के कारण तनाव मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहनला के आवश्यकता बा। पारिवारिक काम में बाझल रहेम। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सफल होई। भाई-बहिन के सहजोग मिली। रचना के काम आगा बढ़ी। शासन सत्ता के सहजोग रही।

Read Also : Finance Bill : लोकसभा से पारित भइल वित्त विधेयक, निर्मला सीतारमण कहली- भारत ‘रिफॉर्म एक्सप्रेस’ पs सवार बा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.