Karnataka Bus Accident : चित्रदुर्ग में ट्रक से टक्कर भइला के बाद स्लीपर बस में लागल आग, 9 लोग जिंदा जरल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 25, 2025

नई दिल्ली। कर्नाटक के चित्रदुर्ग जिला में बियफे के भोर में एगो बहुत बड़ सड़क हादसा हो गइल। इहां एगो स्लीपर प्राइवेट बस के टक्कर एगो ट्रक (लोरी) से हो गइल। टक्कर एतना जबरदस्त रहे

Share

Chitradurga bus accident in Karnataka where sleeper bus caught fire after collision with truck on NH 48

नई दिल्ली। कर्नाटक के चित्रदुर्ग जिला में बियफे के भोर में एगो बहुत बड़ सड़क हादसा हो गइल। इहां एगो स्लीपर प्राइवेट बस के टक्कर एगो ट्रक (लोरी) से हो गइल। टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि स्लीपर बस में आग लाग गइल। एह दर्दनाक हादसा में कम से कम 9 लोगन के जिंदा जरके मौत हो गइल।

जानकारी के मोताबिक, ई बस बेंगलुरु से शिवमोग्गा जात रहे। बस के करीब 300 किलोमीटर से जादे के सफर तय करे के रहे। ई हादसा नेशनल हाईवे-48 (NH-48) पs भइल।

कब भइल हादसा

सुरुआती जानकारी अनुसार, ई हादसा बियफे के भोर में करीब 3 बजे के आसपास भइल। जवना समय टक्कर भइल, ओह घड़ी बस में सवार जादेतर यात्री सुतल रहे लो। बतावल जा रहल बा कि सामने से आवत एगो ट्रक डिवाइडर पार कs के बस से टकरा गइल, जवना से बस में आग लाग गइल।

टक्कर के बाद बस में भड़कल आग

कहल जा रहल बा कि बस आ ट्रक के टक्कर एतना जोरदार रहे कि आवाज दूर-दूर ले सुनाई देलस। टक्कर के तुरंत बाद बस में आग फइल गइल। हालांकि, एह दौरान कुछ यात्री कवनो तरे बस से बाहर निकले में सफल रहल लोग। प्रत्यक्षदर्शियन के कहनाम बा कि मरे वालन के संख्या आउर बढ़ सकेला। जानकारी के मोताबिक, एह बस में कुल 32 लोग सवार रहे। सब घायलन के इलाज खातिर अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

पीएम मोदी कइलें मुआवजा के एलान

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी चित्रदुर्ग बस हादसा में मारल गइल लोगन के परिवारन के प्रति गहिराह संवेदना जतवलें। संगही एह भीषण हादसा में जान गंवावे वाला लोगन के परिजनन खातिर मुआवजा के एलान कइलें। पीएम मोदी कहलें कि आग में मारल गइल यात्रियन के परिवार के 2 लाख रुपिया आ घायलन के 50 हजार रुपिया के आर्थिक मदद दिहल जाई।

Read Also: Vijay Hazare Trophy : वैभव के रिकॉर्ड एको घंटा ना टिक सकल : विजय हजारे में बिहारी बल्लेबाजन के धमाल, गनी 32 तs किशन 33 गेना में ठोकल लो शतक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.