Atal Canteen : आज से दिल्ली में सुरू हो रहल बा 100 गो नया अटल कैंटीन, अब खाली 5 रुपिया में मिली भरपेट खाना

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 25, 2025

नई दिल्ली। भाजपा सरकार बियफे से दिल्ली में 100 गो नया अटल कैंटीन सुरू करे जा रहल बिया। एह कैंटीन में मात्र 5 रुपिया में पौष्टिक आ भरपेट भोजन मिल सकी, जवना से मजदूर, गरीब

Share

Atal Canteen launched in Delhi where nutritious meals are being served for 5 rupees to workers and poor people

नई दिल्ली। भाजपा सरकार बियफे से दिल्ली में 100 गो नया अटल कैंटीन सुरू करे जा रहल बिया। एह कैंटीन में मात्र 5 रुपिया में पौष्टिक आ भरपेट भोजन मिल सकी, जवना से मजदूर, गरीब आ जरूरतमंद लोगन के सीधा फायदा होई।

दिल्ली के शहरी विकास मंत्री आशीष सूद बतवलें कि पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जयंती के मवका पs राजधानी दिल्ली में 100 अटल कैंटीन सुरू कइल जा रहल बा। ऊ कहलें कि ई योजना भाजपा के चुनावी वादन में सामिल रहे आ अब एकरा के जमीन पs उतारल जा रहल बा।

जानकारी के मोताबिक, हर अटल कैंटीन में रोज करीब 500 लोगन खातिर खाना बनावे आ परोसे के बेवस्था होई। सरकार के दावा बा कि एह योजना से दिल्ली के गरीब आ मेहनतकश लोगन के बड़ राहत मिली।

Read Also: Atal Bihari Vajpayee Jayanti : आज पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के 101वीं जयंती, पीएम मोदी कइलें उनका जोगदान के इयाद

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.