[the_ad_group id="30365"]

Roger Federer Announces Retirement: थम जाई स्विस टेनिस स्टार रोजर फेडरर के रैकेट के जलवा, 20 ग्रेंड स्लैम विजेता कइलें सन्यास के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेरेना विलियम्स के संन्यास के ऐलान से टेनिस फैंस अभी पूरा तरे उबरियो ना सकल रहल ह लो, कि अब ओह लोग खातिर एगो आउर बड़ खबर आ रहल बा। पुरुष टेनिस के महानतम खिलाड़ियन में शुमार स्विट्जरलैंड के रॉजर फेडरर अपना प्रोफेशनल करियर के विराम देवे के ऐलान कइले बाड़ें। फेडरर बियफे के ऐलान कइलें कि अगिला हफ्ता होखे वाला लेवर कप उनका करियर के आखिरी एटीपी टूर्नामेंट होई आ एकरा बाद ऊ कवनो ग्रैंड स्लैम भा टूर इवेंट में हिस्सा ना लिहें। लेवर कप के आयोजन अगिला सप्ताह 23 से 25 सितंबर ले लंदन में होई।

ओपन एरा के महानतम पुरुष खिलाड़ी मानल जाये वाला स्विट्जरलैंड के ई सुपरस्टार अपना दु दशक से लमहर प्रोफेशनल करियर में 20 ग्रैंड स्लैम सिंगल्स खिताब जीतले। ऊ एह मोकाम तक पहुंके वाला विश्व के पहिला पुरुष खिलाड़ी बनल रहस। उहे सबसे पहले पीट सैम्प्रास के 14 ग्रैंड स्लैम खिताब के विश्व रिकॉर्ड के तुरके इतिहास रचले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]