[the_ad_group id="30365"]

डायमंड लीग 2022: नीरज चोपड़ा फिर रचलें इतिहास, डायमंड लीग 2022 के फाइनल में पहिला स्थान पर कइलें कब्जा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नीरज चोपड़ा बियफ़े के ज्यूरिख में डायमंड लीग फाइनल में पहिला स्थान हासिल करत इतिहास रच दिहलें। नीरज चोपड़ा डायमंड लीग ट्रॉफी जीते वाला पहिला भारतीय बन गइल बानें। उ 88.44 मीटर भाला फेंक के चेक गणराज्य के जैकब वादलेच्चो के पछड़लें। उ पांचवें प्रयास में 86.94 मीटर भाला फेंकलें।

दूसरके थ्रो में पक्का कइलें स्वर्ण पदक

नीरज के पहिला थ्रो फाउल गइल, जबकि दूसरा थ्रो 88.44 मीटर के दूरी नपलस, जौन ओनके खिताब दियवले खातिर काफी रहल। नीरज तीसरा थ्रो 88, चौथा 86.11, पांचवाँ 87 अउर छठवाँ अंतिम थ्रो 83.6 मीटर फेंकलें। वादलेच्चो नीरज के संगे ओलंपिक में पदक जीतले रहलें।

जर्मनी के जूलियन वेबर 83.73 मीटर के संगे तिसरा स्थान पर रहलें। एह जीत के साथ नीरज 23.98 लाख रुपया के पुरस्कार राशि हासिल कइलें, साथ ही डायमंड ट्रॉफी पर भी कब्जा जमवलें। जीत के बाद नीरज ट्रॉफी के संगे तिरंगे ओढ़ लिहलें।

एकरे बाद सब विजेता लोग के डायमंड ट्रॉफी के संगे ट्रैक पर कार से घुमावल गइल, जेमें नीरज भी शामिल रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]