[the_ad_group id="30365"]

Swami Prasad Maurya: हम चुनौती देत बानी उनका के…’, मां लक्ष्‍मी पs व‍िवाद‍ित बयान देके घि‍

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Swami Prasad Maurya: अपना विवादित बयान पs समाजवादी पार्टी नेता स्वामी प्रसाद मौर्य कहलें, हम अकेले चार भुजा के बात ना कइले रहनी, हम आठ भुजा, दस भुजा, 1000 भुजा के बातो कहले रहनी। अइसन कवनो लईका देस में कबो पैदा ना भइल। जदि अइसन भइल बा, तs हम चुनौती देत बानी कि ऊ हमरा के बतावस, हम एकरा के स्वीकार करेम।”

स्‍वामी प्रसाद कहलें, जदि हम अपना कल्पना के आधार पs केहू के 1000 भुजा वाला भा 20 भुजा वाला भा 10 भुजा वाला बना दीं, कल्पना तs कल्पने नू हs। हम उहे कहनी जवन व्यावहारिक बा, सत्य पs आधारित, वैज्ञानिक आ सनातनो बा। हम सनातन धर्म के अनुसार बात कइनी। हम कहनी कि लोगन के अपना पत्नी के सम्मान करे के चाहीं, काहेकि ऊ वास्तविक अर्थन में ‘गृह लक्ष्मी’ बा लो।”

स्वामी प्रसाद आगे कहलें, “वास्तविक अर्थन में, राउर पत्नी रआ ‘घर के लक्ष्मी’ हई, जवना तरे से ऊ घर संभालत बाड़ी, ओकर चिंता करत बाड़ी आ ओकर रखरखाव आ समृद्धि खातिर काम करत बाड़ी, अइसन केहू आउर नइखे कर सकत… तs जब ऊ असली ‘गृह लक्ष्मी’ बाड़ी, तs उनका पूजा करे में आपत्ति काहे? तs हमनी के देस के संस्कृति के मोताबिक ‘यत्र नार्यस्तु पूज्यन्ते रमन्ते तत्र देवता’…के मोताबिक हमनी के संस्कृति, हमनी के आपन पत्नी के सम्मान, पूजा आ आदर करे के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]