सूर्य ग्रहण 2023 तिथि आ समय : साल के पहिला सूर्यग्रहण कब आ कहाँ देखे के मिली, सूतक काल लागी आ ना? पूरा विवरण जान लीं

Minee Upadhyay

सूर्य ग्रहण 2023 तिथि आ समय : साल के पहिला सूर्यग्रहण कब आ कहाँ देखे के मिली, सूतक काल लागी आ ना? पूरा विवरण जान लीं

सूर्य ग्रहण 2023 तिथि आ समय:: साल 2023 के पहिला सूर्यग्रहण गुरुवार 20 अप्रैल के होखे वाला बा। इ कंकणाकृति सूर्यग्रहण होई। जब चंद्रमा सूर्य आ पृथ्वी के बीच आवेला त एह खगोलीय घटना के सूर्यग्रहण कहल जाला। आवे वाला सूर्यग्रहण के लेके लोग के मन में बहुत सवाल उठ रहल बा। का ई सूर्यग्रहण भारत में लउकी कि ना? एकर समय का होई? का एह में सूतक काल के नियम मान्य होई कि ना? अइसन कई गो सवाल जनता के मन में चलत बा। आईं अइसन सब सवालन के जवाब रउरा सभे के दे दीं|

साल के पहिला सूर्यग्रहण के समय (सूर्य ग्रहण 2023 समय)

साल के पहिला सूर्यग्रहण गुरुवार 20 अप्रैल 2023 के होई। ई सूर्यग्रहण सबेरे 7.4 बजे से शुरू होखी आ दुपहरिया 12.29 बजे ले चली|

 

का भारत में सूर्यग्रहण देखाई दिही? (सूर्य ग्रह 2023 कब आ कहाँ देखल जााई)

इ सूर्यग्रहण भारत में ना देखाई दिही, ना ही भारत में रहेवाला लोग पे एकर कवनो असर होई। ई सूर्यग्रहण कंबोडिया, चीन, अमेरिका, माइक्रोनेशिया, मलेशिया, फिजी, जापान, समोआ, सोलोमन, बरूनी, सिंगापुर, थाईलैंड, अंटार्कटिका, ऑस्ट्रेलिया, न्यूजीलैंड, वियतनाम, ताइवान, पापुआ न्यू गिनी, इंडोनेशिया, फिलीपींस, दक्षिण हिंद महासागर आ दक्षिण प्रशांत महासागर जइसन जगहन पे लउकी|

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।