- बिहार: दु दिन के बिहार दौरा पs पटना पहुंचलें केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह; सासाराम में हिंसा के कारण सभा रद्द, नवादा में काल्ह करिहें जनसभा। बिहार में पुलिस प्रशासन फेल होखे के आरोप लगवलस बीजेपी।
- बिहार: RJD के आरोप- बिहार में दंगा फइला रहल बिया BJP, CM नीतीश- बोललें- उपद्रवियन के ना बख्शल जाई, बीजेपी कहलस- सरकार के मकसद बा कि अमित शाह बिहार ना आ पावस।
- उत्तर प्रदेश: आगरा के केमिकल फैक्ट्री में भीषण आग; 4 लोग बचावल गइल, 2 किमी दूर तक सुनल गइल धमाका, अगरी-कगरी के मकानन में आइल दरार।
- उत्तर प्रदेश: 800 करोड़ के संपत्ति के लेके भइल रहे CA- श्वेताभ के हत्या; मारे खातिर शूटर डेढ़ घंटा कइले रहे इंतजार; पूर्व ब्लॉक प्रमुख निकलल मास्टरमाइंड। उत्तराखंड से दिल्ली-NCR तक फइलल रहे कारोबार। 15 फरवरी के दिल्ली इस्थित ऑफिस के बाहर गोली मारके श्वेताभ के हत्या कs दिहल गइल रहे।
- झारखंड: झारनियोजन पोर्टल पs निजी कंपनियन द्वारा करावल जा रहल बा रजिस्ट्रेशन; अभी ले 2545 कंपनी करवली सs रजिस्ट्रेशन, टॉप पांच जिलन में पूर्वी सिंहभूम सबसे आगे।
- जेल से बाहर अइलें नवजोत सिंह सिद्धू: 317 दिन बाद पटियाला जेल से रिहाई, रोडरेज केस में भइल रहे 1 साल के कैद।
- पीएम मोदी रानी कमलापति-निजामुद्दीन वंदे भारत ट्रेन के हरियर झंडी देखवलें: कहलें- कांग्रेस के लोग कही मोदी तs अप्रिल फुल बना रहल बाड़ें, बाकिर हमनी के ट्रेन तs चल पड़ल।
- राहुल गांधी पs मानहानि के एगो आउर केस: RSS हरिद्वार में मुकदमा कइलस; राहुल कहलें रहस- 21 वीं सदी के कौरव हाफ पैंट पहिनेला लो।
- पाकिस्तान में एक साल में बढ़ल 35 % महंगाई: 58 साल के रिकार्ड टूटल, चीन 16 हजार करोड़ के कर्जा चुकावे के समय बढ़वलस। एक साल में लगभग दुगुना भइल खाना के दाम, हाइयर इंफलेशन के तरफ बढ़ रहल बा पाकिस्तान।
- पंजाब किंग्स KKR के देलस 192 रन के लक्ष्य: 80 रन बनावे में कोलकाता गववलस 5 विकेट, आंद्रे रसेल क्रीज पs। दुसरका मैच दिल्ली आ लखनऊ के बीच होई।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Apr 1, 2023
बिहार: दु दिन के बिहार दौरा पs पटना पहुंचलें केन्द्रीय गृहमंत्री अमित शाह; सासाराम में हिंसा के कारण सभा रद्द, नवादा में काल्ह करिहें जनसभा। बिहार में पुलिस प्रशासन फेल होखे के आरोप लगवलस बीजेपी।
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






