Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: बिहार में हिंसा के लेके सतर्कता, सासाराम-नालंदा में पुलिस के 18 कंपनी तैनात; 45 गिरफ्तार, कर्फ्यू लगावल गइल

सासाराम में सुके से इंटरनेट सेवा बंद बा जबकि बिहारशरीफ में सनीचर से इंटरनेट सेवा बंद कs दिहल गइल बा। पुलिस मुख्यालय दुनो जगहन के लगातार मानीटरिंग कs रहल बा। सासाराम में हालात के देखते एटीएस एसपी संजय कुमार सिंह के तैनाती कइल गइल बा।

446

बिहार में सुक के रामनवमी के शोभायात्रा के दौरान भइल हिंसा के बाद सनीचरो के भइल अइसने घटनन के लेके पुलिस-प्रशासन सतर्क बा। शांति बना के राखे खातिर सासाराम आ बिहारशरीफ में पुलिसबल के 18 कंपनी तैनात कइल गइल बा। कर्फ्यू लगावे के पड़ल बा।

जानकारी के मोताबिक, हिंसा के घटनन के लेके अभी तक 45 आरोपितन के गिरफ्तार कइल गइल बा, जबकि आउर के तलाश में छापेमारी जारी बा।

सासाराम में सुके से इंटरनेट सेवा बंद बा जबकि बिहारशरीफ में सनीचर से इंटरनेट सेवा बंद कs दिहल गइल बा। पुलिस मुख्यालय दुनो जगहन के लगातार मानीटरिंग कs रहल बा।

सासाराम में हालात के देखत एटीएस एसपी संजय कुमार सिंह के तैनाती कइल गइल बा। इनका संगही आठ अतिरिक्त डीएसपी के तैनाती कइल गइल बा।

एडीजी मुख्यालय जितेंद्र सिंह गंगवार बतवलें कि रोहतास में दु गो प्राथमिकी दर्ज कs के 18 आरोपितन के गिरफ्तार कइल गइल बा, जबकि बिहारशरीफ में आठ गो प्राथमिकी दर्ज कs के 27 आरोपितन के गिरफ्तारी कइल गइल बा।

एकरा अलावे दर्जनन अज्ञात के अभियुक्त बनावल गइल बा, एह लोगन के तलाश जारी बा। दुनो जगहन पs सनीचर के प्रभावित थाना क्षेत्रन में शांति समिति के बैठक कइल गइल।

एमे दुनो पक्ष के लोगन के बोलाके बातचीत कs के समझावल गइल बा। लोग मानल कि कुछ आपसी मतभेद के वजह से हिंसक झड़प हो गइल बा। विधि-व्यवस्था के नियंत्रित करे खातिर एसटीएफ के डीएसपी के तैनाती कइल गइल बा।

बिहारशरीफ: दूसरको दिन बवाल, दु गुटन के बीच फायरिंग; दु घायल, कर्फ्यू लागल

बिहार के नालंदा जिला के बिहारशरीफ में रामनवमी जुलूस के दौरान भइल हिंसा सनीचर के एक बेर भड़क उठल। इहां बनौलिया, बड़ी सकुनत आ पहाड़पुरा इलाकन में दु गुटन के भिड़ला के खबर सामने आइल। दुनो के बीच कई राउंड फायरिंगो भइल।

बतावल गइल कि फायरिंग में दु लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। घायलन के इलाज खातिर पटना रेफर कs दिहल गइल। एकरा बाद से शहरी क्षेत्र में कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा।

जानकारी के मोताबिक, पहरपुरा निवासी 16 साल के गुलशन कुमार आ खासगंज निवासी प्रोफेसर शकील अहमद घायल हो गइले, जेकरा के इलाज खातिर पटना रेफर कइल गइल बा।

संगही अउरियो जगहन पs छिटपुट घटना भइल बा। एह दौरान भइल पथराव में कुछ पुलिसकर्मी घायल भइल बा लो, जेकर इलाज सदर अस्पताल में करावल गइल।

ओहिजा, बसार बिगहा आ खासगंज मोहल्ला में दु पक्षन के बीच पथराव के घटना भइल, जवना के सूचना मिलतही मवका पs पहुंच के पुलिस नियंत्रित कs लेलस।

दु लोगन के कइल गइल गिरफ्तार

एने, घटना के बाद डीएम-एसपी दलबल के संगे बनौलिया मोहल्ला पहुंचल आ दु लोगन के गिरफ्तार कs लिहल। प्रशासन माहौल के नियत्रित करे में जुटल बा। सब जगहन पs पुलिस बल के संगे अर्धसैनिक बलन के तैनाती कs दिहल गइल बा। शहरी क्षत्र में कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा।

सासाराम में ब्लास्ट के सूचना, डीएम कइलें इनकार

बिहारशरीफ में दूसरको दिन हिंसा के घटनन के सूचना के बाद सासाराम से ब्लास्ट के सूचना मिलल रहे। समाचार एजेंसी एएनआई सूचना देले रहे कि सासाराम में धमाका भइल बा, जेमें तीन लोग घायल भइल बा।

धमाका कवना वजह से भइल रहे, एह बारे में कवनो जानकारी ना दिहल गइल रहे। हालांकि, उहां के जिलाधिकारी धर्मेंद कुमार अइसन कवनो घटना के होखला से इनकार कइलें।

साभार: दैनिक जागरण

500080cookie-checkBihar: बिहार में हिंसा के लेके सतर्कता, सासाराम-नालंदा में पुलिस के 18 कंपनी तैनात; 45 गिरफ्तार, कर्फ्यू लगावल गइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.