[the_ad_group id="30365"]

सुप्रीम कोर्ट में आजु होई बिलकिस बानो के केस के सुनवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुप्रीम कोर्ट में आज सुनवाई के ध्यान देत काफी अहम दिन रहे वाला बा। दरअसल, आज बहुत बड़ केस के सुनवाई सुप्रीम कोर्ट में होखे वाला बा। एहमें बिलकिस बानों के दोषियन के रिहाई के चुनौती पर विचार होखे के बा। ई मुद्दा राजनीतिक नजरिया से एहलिए महत्वपूर्ण मानल जाला काहे कि पहिले एह मामिला पर बहुते राजनीति भइल बा.

बिलकिस बानो के का बा मामिला

बिलकिस बानो मामला में दोषी लोग के रिहा करे के गुजरात सरकार के आदेश के सुप्रीम कोर्ट में चुनौती दिहल गईल बा। एह याचिका में सगरी दोषियन के सजा पर फेर से विचार करे के निहोरा कइल गइल बा. बताईं कि गोधरा घटना के बाद गुजरात में दंगा भईल अउरी ए दंगा के दौरान बिलकिस बानों के परिवार के सात लोग के मौत हो गईल। एतने ना, दंगा करे वाला बिलकिस बानो के सामूहिक दुष्कर्म भी कईले रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]