Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विजय लक्ष्मी कुशवाहा के कविता के समर्थन : 2019 में राजद के हरावे वाली कविता बोलली-हम इनका संगे, मंदिर में कइली एक संगे पूजा

265

सीवान में सुक के जेडीयू लोकसभा प्रत्याशी विजय लक्ष्मी कुशवाहा के निवर्तमान सांसद कविता सिंह आ उनकर पति अजय सिंह स्वागत कइल लो। मानल जात रहे कि टिकट ना मिलला के कारण कविता उनकर जिला में विरोध करिहें, बाकिर ऊ कहली कि ऊ प्रत्याशी के संगे बाड़ी आ एनडीए हर हाल में जीती।

बता दीं कि सीवान लोकसभा सीट से एनडीए जेडीयू के विजय लक्ष्मी कुशवाहा के मैदान में उतरले बिया। सीवान के सांसद कविता सिंह के जदयू के ओर से अबकी बेर टिकट कट गइल। कविता सीवान के पहिलका सांसद हई।

ओने, विजय लक्ष्मी कुशवाहा टिकट लेके जइसही सीवान पहुंचली। इहां एनडीए के नेता-कार्यकर्ता उनकर जोरदार स्वागत कइल लो। जेपी चौक पs दरौंदा के विधायक कर्णजीत सिंह स्वागत कइलें। ओहिजा, सोहागरा इस्थित हंसनाथ बाबा के मंदिर परिसर में कविता सिंह आ उनकर पति जदयू नेता अजय सिंह आउर समर्थकन के संगे वेलकम कइल लो।

अजय सिंह कहलें कि टिकट ना मिलला के उनका कवनो नाराजगी नइखे। ओ  लोग के जेतना दिन सीवान में जनता के सेवा करे के मवका मिलल, ओतना दिन तक सेवा कइल गइल। केहू के दुख नइखे दिहल गइल आ ना केहू के परेसान कइल गइल बा। ऊ हमेशा जनता के बीच बाड़ें।

कविता सिंह कहलीं कि सीवान के जे अशांत करे के कोसिस करी, ओकर हमनी के काल बानी सs। आगे कहलीं कि विजय लक्ष्मी कुशवाहा के संगे बानी। अबकी बेर एनडीए 400 के पार सीट जीती। ओहिजा, सोहागरा मंदिर में एक संगे सब केहू पूजा कइल।

777130cookie-checkविजय लक्ष्मी कुशवाहा के कविता के समर्थन : 2019 में राजद के हरावे वाली कविता बोलली-हम इनका संगे, मंदिर में कइली एक संगे पूजा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.