UP पुलिस भर्ती परीक्षा के एडमिट कार्ड पे सनी लियोन के फोटो वायरल, जानी पूरा मामिला

Share

उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती भs प्रोन्नति बोर्ड (यूपीपीआरबी) के वेबसाइट पs एगो पंजीकरण सनी लियोन के तस्वीर के संगे कइल गइल रहे । यूपीपीआरबी सनीचर के राज्य के 75 जिला में 2,385 परीक्षा केंद्र पs परीक्षा आयोजित कइले रहे ।

 

 

लखनऊ: यूपी पुलिस भर्ती परीक्षा के लेके एगो अजीब मामिला सामने आइलs बा । दरअसल, उत्तर प्रदेश पुलिस कांस्टेबल भर्ती परीक्षा के एडमिट कार्ड पs एक्ट्रेस सनी लियोन की तस्वीर देखलs गइलs हs ।

“सनी लियोन” नाम वाला एडमिट कार्ड आ तस्वीर अब सोशल मीडिया पs वायरल हो रहलs बा । एडमिट कार्ड पसे परीक्षा के तारीख 17 फरवरी बाटे

 

फॉर्म के मुताबिक एक्टर सनी लियोन के परीक्षा केंद्र श्रीमति सोनेश्री मेमोरियल गर्ल कॉलेज में रहे , जवनs कन्नौज के तिर्वा तेहसिल में बा । कन्नौज पुलिस के साइबर सेल एकर मामिला के जांच शुरू कर देले बा ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-