JP यूनिवर्सिटी में रैंगिंग के लेके विश्वविद्यालय सख्त : सब विद्यार्थियन के भरे के होई एंटी रैगिंग के फॉर्म, UGC स्क्वायड बनावे के देलस निरदेस 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 18, 2024

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय अब रैगिंग के लेके सख्त हो चलल बा। अंगीभूत कॉलेज आ यूनिवर्सिटी में रैगिंग के रोके खातिर विश्वविद्यालय कावर से सब छात्रन से एंटी रैंगिंग के फॉर्म भरवावल जा रहल बा।

Share

PHD Enterance Exam

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय अब रैगिंग के लेके सख्त हो चलल बा। अंगीभूत कॉलेज आ यूनिवर्सिटी में रैगिंग के रोके खातिर विश्वविद्यालय कावर से सब छात्रन से एंटी रैंगिंग के फॉर्म भरवावल जा रहल बा। जवना से भविष्य में रैगिंग पs रोकथाम लाग सके। रैगिंग रोके खातिर यूजीसी के निरदेस पs विश्वविद्यालय कड़ा नियम अपनावे जा रहल बा।

विश्वविद्यालय आ संबंधित अंगीभूत कॉलेज के हर छात्र-छात्रा के एंटी रैगिंग के फॉर्म भरे के होई। यूजीसी के दिसा-निरदेस पs यूनिवर्सिटी में फॉर्म भरल जा रहल बा। विश्वविद्यालय आ कॉलेजन में अक्सर रैगिंग के खबर आवत रहेला। जहां कॉलेज के सीनियर स्टूडेंट कावर से जूनियर स्टूडेंट के रैगिंग के नाम पs परेसान कइल जाला।

जवना के धेयान में रखत यूजीसी सख्ती देखवले बा। एकरा खातिर गाइडलाइन जारी करत यूनिवर्सिटी के हर एगो स्टूडेंट से antirlogging.in पs ऑनलाइन अंडर टेकिंग फॉर्म भरे के निरदेस दिहल गइल बा। यूनिवर्सिटी में हार्ड कॉपी फॉर्म नइखे भरे के। एकरा खातिर मात्र ऑनलाइन फॉर्म भरे के बा।

यूनिवर्सिटी में रैगिंग करे वालन पs होई कार्रवाई

एंटी रैगिंग फॉर्म के बारे में जानकारी देत विश्वविद्यालय के पीआरओ प्रो. हरिश्चंद्र बतवलें कि जेपी यूनिवर्सिटी में रैगिंग के लेके सख्ती देखावल गइल बा। यूजीसी से प्राप्त निरदेस के मोताबिक सब स्टूडेंट्स से फॉर्म ऑनलाइन भरावल जा रहल बा। संगही नया विद्यार्थियन से एडमिशन लेवत घरी एंटी रैंगिंग के फॉर्म भरवा लियाई। सब विद्यार्थियन खातिर फॉर्म भरना अनिवार्य कs दिहल गइल बा। ई फॉर्म ऑनलाइन आ ऑफ लाइन दुनों तरे से भरे के होई।

एंटी रैगिंग स्क्वायड बनावे के निरदेस 

यूजीसी के तरफ से कहल गइल बा कि कॉलेजन में रैगिंग आ आत्महत्या जइसन गंभीर ममिला सामने आवत बा तs फेर संबंधित विश्वविद्यालय के एकरा खातिर समन कइल जाई। विश्वविद्यालय के संबंधित अधिकारियन के नेशनल एंटी रैगिंग मॉनिटरिंग कमेटी के सामने पेश होखे के होई। होगा। जहां ओह लोगन के जवाब देवे के पड़ सकत बा। यूजीसी से प्राप्त निरदेस के मोताबिक यूनिवर्सिटी सब कॉलेजन के कॉलेज परिसर में एंटी रैगिंग कमेटी, एंटी रैगिंग सेल आ एंटी रैगिंग स्क्वायड बनावे के निरदेस देले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.