सनी देओल इलाज खातिर पहुंचलें अमेरिका, फैन्‍स के बढ़ल टेंशन, जानीं का भइल बा उनके

Share

अभिनेता-राजनेता सनी देओल के स्वास्थ्य ठीक नाइ बा। उनकर अमेरिका में इलाज चल रहल बा। सनी के प्रवक्ता के मुताबिक, ‘बॉर्डर’ स्टार के कुछ हफ्ता पहिले अपने एक प्रोजेक्ट के शूटिंग के दौरान पीठ में चोट लाग गइल रहल। एक हफ्ता तक उनकर मुंबई में इलाज चलल अउरी फिर इलाज खातिर अमेरिका चल गइले। आपन चोट के कारण पंजाब के गुरदासपुर से लोकसभा सांसद सनी राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के शपथ समारोह में शामिल नाइ भइलें।

एक शूटिंग के दौरान पीठ में लागल रहे चोट

सनी देओल के कुछ हफ़्ता पहिले एगो शूटिंग के दौरान पीठ में चोट लाग गइल रहे, पहिले मुंबई में उनकर पीठ के इलाज चलत रहल अउरी फिर ऊ दू सप्ताह पहिले अपने पीठ के इलाज खातिर यूएसए गइल रहलें। एह दौरान राष्ट्रपति चुनाव भईल अउरी ऊ नाइ रहने देश में उनकर इलाज अभिन खत्म नाइ भइल बा। ओनके ठीक होखले के बाद भारत लौट जाए के चाहीं।” सनी आर बाल्की के फिलिम ‘चुप’ में पूजा भट्ट अउरी दुलारे सलमान के साथ स्क्रीन शेयर करत नजर अइहें। ऊ ‘गदर 2’ अउरी ‘अपने 2’ के साथ भी आ रहल बानें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-