[the_ad_group id="30365"]

UP Weather Rain Forecast : मॉनसून फेर लेलस करवट, गाजियाबाद, नोएडा से वाराणसी आ गोरखपुर तक होई झमाझम बरखा; आरेंज अलर्ट जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP Weather Update: उत्तर प्रदेश में मॉनसून एक बेर फेर करवट लेले बा। एह हफ्ता प्रदेश के ज्‍यादातर हिस्‍सन में झमाझम बरखा हो सकत बा। बुध के यूपी के कइयन गो इलाकन में बरखा के आसार बा। मौसम विभाग के पूर्वानुमान के मोताबिक वेस्‍ट से ईस्‍ट यूपी तक ज्‍यादातर इलाकन में बरखा हो सकत बा।

यूपी के एह अलग-अलग जिलन में हलुक से मध्यम बारिश देखे के मिली। मौसम विज्ञानियन के मानल जाव तs पूरुब से लेके पछिमी यूपी ले बरखा होई। बुध माने 27 आ बियफे 28 जुलाई के लेके ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा।

लखनऊ मौसम केंद्र के अलर्ट के मोताबिक पछिमी आ पुरबी उत्तर प्रदेश के कुछ जगहन पs बरखा हो सकेला। एकरा संगही कुछ जगहन पs गर्जना के साथे बिजली चमकलो के आशंका बा। मौसम विज्ञानियन के कहनाम बा कि बुध के यूपी के कइयन जगहन पs बरखा होई आ बारिश होगी आ बिजली चमकी।

बिहनहु वेस्‍ट से ईस्‍ट ले होई बरखा

यूपी के पछिमी से पूरबी छोर तक 28 जुलाईयो के बरखा के भविष्‍यवाणी मौसम विभाग कइले बा। वेस्‍ट यूपी के लगभग सब जगहन पs बरखा हो सकेला। एही तरे पूर्वी उत्तर प्रदेश के ज्‍यादातर जगहन पs बरखा के संभावना बा। गर्जना के संगे बिजली चमके के भविष्‍यवाणी मौसम विज्ञानी लो कइले बा। ओह लो के कहनाम बा कि  मानसून ट्रफ लाइन उत्तर कावर खिसकला से 27 जुलाई से देश के उत्तरी भाग में बरखा के की गतिविधि बढ़ जाई।

तापमान में एक से दु डिग्री तक आई गिरावट

मौसम विज्ञानियन के मोताबिक 27 आ 28 जुलाई के भारी बरखा के चलते यूपी के सामान्य तापमान में एक से दु डिग्री सेल्सियस के गिरावट आ सकत बा। 29 आ 30 जुलाई के जमके बौछार पड़े के सम्‍भावना बा।

पूर्वांचल में आकाशीय बिजली गिरला से सात के मौत

एही बीचे मंगर के पूर्वांचल के चार जिलन में मंगर के कइयन गो जगहन पs आकाशीय बिजली गिरला से सात लोगन के मौत हो गइल। एह दैविक आपदा में 18 लोग झुलस गइल। वज्रपात से झुलसल लोगन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

चंदौली में मंगर के कइयन जगे बिजली गिरला से जनहानि भइल बा। आकाशीय बिजली के चपेट में आवे से महुअर कला गांव निवासी एगो नवहा, केराय गांव में खेत में काम कर रहल एगो मजदूर आ परसिया गांव में एगो बुजुर्ग के मौत हो गइल। जौनपुर के महराजगंज में बकरी चरा रहल लईका के आकाशीय बिजली के चपेट में अइला से मौत हो गइल। ओहिजा सुजानगंज में खेत में बिजली गिरला से धान के रोपाई कर रहल आठ लोग झुलस गइल। मिर्जापुर में जमालपुर में आकाशीय बिजली गिरला से झुलसल महिला इलाज के दौरान दम तुर देली।

ओहिजा चुनार कोतवाली क्षेत्र के बलुआ गांव के रहे वाला व्यक्ति के वज्रपात से मौत हो गइल। हलिया में वज्रपात के चपेट में अइला से मां-बेटी झुलस गइल लो। गाजीपुर में अलग-अलग जगहन पs आकाशीय बिजली के चपेट में अइला से आठ लोग झुलस गइल। भदोही में पशु चरा रहल रयाँ गांव निवासी बुजुर्ग के आकाशीय बिजली से मौत हो गइल।

साभार: हिन्दुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]