[the_ad_group id="30365"]

Sujit Kumar Birthday spacial: वकालत छोड़ सुजीत अजमवले बॉलीवुड में किस्मत, नाटक देखिके ई डायरेक्टर देले रहले मवका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के दिग्गज कलाकार सुजीत कुमार के उनकर दमदार अभिनय खातिर ईयाद कइल जाला। सुजीत  अपना करियर में 150 से बेसी हिंदी फिल्मन में काम कइले। एह दौरान उ बॉलीवुड के कई गो दिग्गज कलाकारन के संगे काम कइले । अपना शानदार अभिनय से लोगन के  दीवाना बनावे  वाला  सुजीत कुमार के  जन्म 7 फरवरी 1934 को वाराणसी में भईल रहे । बॉलीवुड के अधिकांश फिल्मन में उ ज्यादातर नेगेटिव किरदार के रूप में लगवले , बाकिर काफी कम लोग जानत बा कि फिल्मन में आवे  से पहिले सुजीत वकालत के  पढ़ाई करत रहले । आईं जानल जाए वकालत छोड़ के  एक्टिंग के दुनिया में कदम रखे वाला  सुजीत कुमार के दास्तां…

सुजीत कुमार एगो फिल्म के दृश्य में फोटो साभार:सोशल मीडिया

 

बॉलीवुड में कदम रखे से पहिले सुजीत कुमार वकालत के पढ़ाई करत रहले। ओह दौरान उ कॉलेज के एगो नाटक में भाग लेले रहलें। नाटक के जज पैनल में मवजूद मशहूर निर्माता-निर्देशक फणी मजूमदार के उनकर एक्टिंग बहुते पसंन आईल। उ सुजीत के  खूब जमि के तारीफो कईले। फणी मजूमदार ओहि घरी सुजीत के एक्टर बने के सलाह तक दे डलले। एकरा बाद सुजीत के दिलचस्पी फिल्मन में बढ़े लागल आ उ बॉलीवुड के ओरी रुख कइले।

सुजीत कुमार फोटो :सोशल मीडिया

 

सुजीत कुमार अपना करियर के दौरान सबसे ज्यादा काम राजेश खन्ना के साथे कइले। बॉलीवुड फिल्मन में सुजीत  ज्यादातर हीरो के दोस्त के भा फेरू विलेन के रोल निभावले। बॉलीवुड में सुजीत अपना करियर के शुरुआत फिल्म ‘दूर गगन की छांव’ से कइले रहले।

सुजीत कुमार फोटो:सोशल मीडिया

 

फिल्मन में उनके पहिला ब्रेक किशोर कुमार देले रहे। एकरा बाद उ राजेश खन्ना के साथ कई गो फिल्मन में बतौर साइड एक्टर काम कइले। निजी जिंदगीयो में दूनो एक्टर्स के बीचे याराना देखे के मिलत रहे । सुजीत न खाली हिंदी फिल्मन में काम कइले , बल्कि सुजीत के एक्टिंग के जादू भोजपुरी फिल्माें में  खूब चलल। एक्टर भोजपुरी सिनेमा के कई फिल्मन में लीड रोल निभावात नजर अइले। उ ‘दंगल’ ‘पान खाए सैंया हमार’ जईसन कई गो हिट भोजपुरी फिलिम में काम कईले।

 

सुजीत कुमार फोटो:सोशल मीडिया

 

सुजीत कुमार  साल 2010 में कैंसर के चलते एह नश्वर दुनिया के अलविदा कह दिहिले, बाकिर अपना दमदार अभिनय से सुजीत आजो  अपना फैंस लोगन के दिलन में जिंदा बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]