Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jailer: ‘जेलर’ के शूटिंग सेट से वायरल भईल जैकी श्रॉफ के वीडियो, देहीं पs शॉल लपेटले धांसू लुक में दिखले अभिनेता

सिनेमा प्रेमियन खातिर जैकी श्रॉफ आ रजनीकांत के एक संगे स्क्रीन पs आवल कवनो ट्रीट से कम नइखे। एहि बीच अब 'जेलर' के सेट से जैकी श्रॉफ के एगो नया वीडियो वायरल हो रहल बा, जे लोगन के उत्सुकता के अउरी बढ़ा रहल बा।

2,337

सिनेमा प्रेमियन खातिर जैकी श्रॉफ आ रजनीकांत के एक संगे स्क्रीन पs आवल कवनो ट्रीट से कम नइखे। एहि बीच अब ‘जेलर’ के सेट से जैकी श्रॉफ के एगो नया वीडियो वायरल हो रहल बा, जे लोगन के उत्सुकता के अउरी बढ़ा रहल बा।

साउथ में बॉलीवुड के ‘जग्गू दादा’ यानी जैकी श्रॉफ के वापसी हो चुकल बा। जैकी एह समय साउथ सुपरस्टार रजनीकांत के बहुप्रतीक्षित फिल्म ‘जेलर’ के लेकर सुर्खियन के बटोर रहल बाड़े। कुछ दिन पहिलही एलान  भईल रहे कि जैकी श्रॉफ नेल्सन दिलीप कुमार के निर्देशन में बन रहल फिल्म ‘जेलर’ में रजनीकांत के संगे स्क्रीन शेयर करत दिखाई दिहें। एह खबर के आवते सभकर  चेहरा खिल उठल रहे काहे कि सिनेप्रेमियन खातिर ई कवनो ट्रीट से कम नइखे । एही बीच अब ‘जेलर’ के सेट से जैकी श्रॉफ के एगो नया वीडियो वायरल हो रहल बा , जवन लोगन के उत्सुकता के अउरी बढ़ा रहल बा ।

जेलर’ के शूटिंग करे जैसलमेर पहुंचले जैकी


जैकी श्रॉफ एह समय जैसलमेर में निर्देशक नेल्सन दिलीप कुमार के फिल्म ‘जेलर’ की शूटिंग कर रहल बाड़े। हाले में  मेकर्स  फिल्म से जैकी के लुक के खुलासा कइले रहे लो। ‘जेलर’ लुक में जैकी के एगो वीडियो सोशल मीडिया पs बहुते तेजी से वायरल हो रहल बा। एह वीडियो में उनका के जैसलमेर में फिल्म के शूटिंग लोकेशन के बहरी प्रशंसकन के अभिवादन करत आ उनसे हाथ मिलावत देखल जा सकेला । ई वीडियो ट्विटर पs साझा कईल गइल बा।

जैकी श्रॉफ के भईल शाही स्वागत


31 जनवरी के ‘जेलर’ के शूटिंग खातिर जैसलमेर पहुंचल रजनीकांत के ओहीजा शाही स्वागत भईल रहे। कुछ एही तरे के मंजर जैकी श्रॉफ के ओहिज़ पहुंचलो पs देखे के मिलल। शूटिंग शेड्यूल खातिर जैसलमेर पहुंचल जैकी श्रॉफ के ओहिजा पs जोरदार स्वागत भईल । फैंस लोग के भीड़ अभिनेता के देखते  उमिड़ गईल आ जैकी  उ लोग के देख के हाथ हिलवले, ओह लोगन से हाथो मिलवले आ ओह लोग के अतना समर्थन आ प्यार  खातिर धन्यवादो दिहिले। एह वीडियो में जैकी के कान्हि पs भूअर रंग के शॉल लपेटले शर्टलेस घूमत देखल जा सकत बा ।

कब रिलीज होई फिल्म


‘जेलर’ नेल्सन दिलीप कुमार द्वारा निर्देशित आ सन पिक्चर्स द्वारा निर्मित एगो कमर्शियल एंटरटेनर फिल्म बिया। फिल्म में रजनीकांत, जैकी श्रॉफ, तमन्ना भाटिया, राम्या कृष्णन, विनायकन आ योगी बाबू सहित कई बड़का स्टार्स लोग महत्वपूर्ण भूमिका में बाड़े। मलयालम सुपरस्टार मोहनलाल आ कन्नड़ सुपरस्टार शिव राजकुमार फिल्म में कैमियो  करत नजर आवे वाला बाड़े। ‘जेलर’ एह साल के अंत में सिनेमाघरन में आपन दस्तक दे सकेले।

453740cookie-checkJailer: ‘जेलर’ के शूटिंग सेट से वायरल भईल जैकी श्रॉफ के वीडियो, देहीं पs शॉल लपेटले धांसू लुक में दिखले अभिनेता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.