[the_ad_group id="30365"]

बरहज: विद्यार्थियन के कइल गइल सम्मानित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज(देवरिया)/अखिलेश कुमार सिंह। बरहज में इस्थित न्याय पंचायत स्तरीय टीकर में सम्मिलित विद्यालयन के बीच एकदिन के खेल प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल रहे। जेमे खो खो, लंबी कूद, उच्ची कूद, समूह ज्ञान, अंताक्षरी लोकगीत, नाटक, दउड़ आ कबड्डी प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। प्रतियोगिता उच्च माध्यमिक विद्यालय बंजरिया में सम्पन्न भइल। प्राथमिक विद्यालय पड़री गुरूराव के विद्यार्थी खेलन में सानदार प्रदर्शन कइल लो।

जेमे अभूतपूर्व प्रर्दशन के देखत प्रधान प्रतिनिधि प्रवीण राव आ प्रधानाचार्य सुरेंद्र यादव लईकन के मेडल देके सम्मानित कइल लो। प्रधान अनामिका राव सभे छात्र-छात्रा लोगन के देखत कहली कि ग्रामीण क्षेत्रन के विद्यार्थियन में प्रतिभा के कमी नइखे, ओह लोगन के सही दिशा के जरूरत बा। ई काम हमनी  के विद्यालय के सब शिक्षक बढ़िया तरे से कर रहल बा लो।

एह अवसर पs ग्राम प्रधान प्रतिनिधि प्रवीण राव, सुरेन्द्र यादव, मानवेंद्र मिश्रा, जितेंद्र यादव, सुनील, प्रियंका, अनिता, अर्चना, सुनील कुमार आदि लोग विद्यार्थियन के बधाई दिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]